विज्ञापन

सीबीएसई बोर्ड के 10 वीं 2020 के परिणाम भइल घोषित , 91.46% छात्र अउरी छात्रा लोग भइले पास । लइकन के तुलना में लईकी मरली स बाज़ी #bhojpurinewsin

सीबीएसई बोर्ड के 10 वीं के परिणाम भइल घोषित , 91.46% छात्र अउरी छात्रा लोग भइले पास ।


सीबीएसई बोर्ड के 10 वीं के परिणाम भइल घोषित , 91.46% छात्र अउरी छात्रा लोग भइले पास । जवना में 93.31% छात्रा लोग अउरी 90.14% छात्र भइल लोग पास । 
सब पास भइल विद्यार्थी लोगन के HRD मंत्री श्री रमेश पोखरियाल निशंक जी ट्वीट कइके बधाई दिहले  अउरी बतवले की विद्यार्थी लोग कइसे आपन रिजल्ट देखि सकता लोग ।

मंत्री जी बतवली की cbseresults.nic.in पर रिजल्ट देखल जा सकता । विद्यार्थी लोग उमंग ऐप से भी रिजल्ट चेक कर सकता ।

बारहवीं के तरह दसवीं में भी त्रिवेंद्रम जोन टॉप पर बा ।

भोजपुरी न्यूज़ भी सब उत्तीर्ण होखे वाला परीक्षार्थी लोगन के बधाई अउरी शुभकामना देता ।