विज्ञापन

गोरखपुर : राणा अस्पताल में पहुंचल कोरोना वैक्सीन, अब ट्रायल के तैयारी।

गोरखपुर : राणा अस्पताल में पहुंचल कोरोना वैक्सीन, अब ट्रायल के तैयारी।


तस्वीर-प्रतीकात्मक तस्वीर/खबर स्रोत सोशल मीडिया



गोरखपुर : राणा अस्पताल में पहुंचल कोरोना वैक्सीन, अब ट्रायल के तैयारी।

आईसीएमआर के सहयोग से भारत बॉयोटेक के तरफ से बनावल गईल कोवैक्सीन के 30 डोज ट्रायल खातिर गोरखपुर के राणा हॉस्पिटल में गुरुवार के पहुंच गईल। अब अस्पताल में वालंटियर के चुनाव कइल जाता। कुल 50 लोगों के जरूरत बा अउरी अभी तक 18 लोग आवेदन कइले बा।
एक महीना पहिले आइसीएमआर के सूचना आईल रहल कि देश के 12 सेंटरन पर एह स्वदेशी वैक्सीन का ट्रायल होई, ओकरा में एगो गोरखपुर के राणा हॉस्पिटल भी बा। ओहि घड़ी से से वैक्सीन के आवे के इंतजार होता। वैक्सीन अईला के बाद ट्रायल खाती टीम तैयार कइल जाता अउरी वालंटियरन के चयन शुरू हो गईल बा। 
अस्पताल के मैनेजर वेंकटेश बतावले हा कि तीन-चार दिन के अंदर वालंटियरन के चयन हो जाई। सब तैयारी पूरा कइला के बाद एक सप्ताह के अंदर ट्रायल शुरू हो जाई। उ बतावले हा कि ट्रायल में करीब एक महीना लाग सकता।

वैक्सीन के ट्रायल खाती स्वस्थ लोगन के जरूरत बा और जेकरा  अभी तक कोरोना संक्रमित नइखे भइल अउरी ना ही उनका भीतर एंटीबाॅडी बनल होखे ओकरे के वैक्सीन लगावाल जाइ। ओकरा बाद 15 से 18 दिन पूरा शहर में उ लोग जहां चाहें उहवाँ रह सकत बा लोग। एकरा बाद उनकर लोग के कोरोना जांच करावल जाइ।

Post a Comment

0 Comments