विज्ञापन

सारण के सोनपुर में भइल कोरोना महामारी के रोकथाम खाती सत्य साई पूट्टूपर्थी ट्रस्ट के तरफ से होम अउरी पूजन।

सारण के सोनपुर में भइल कोरोना महामारी के रोकथाम खाती सत्य साई पूट्टूपर्थी ट्रस्ट के तरफ से  होम अउरी पूजन। #bhojpurinewsin


विश्व कल्याण अउरी वैश्विक महामारी कोविड 19 कोरोना निवारण खाती तमाम जड़ी बूटिन के साथ दुर्गा सप्तसती,रूद्र परायण,गणपति होम श्री सत्य साईं बाबा,पूट्टूपर्थी के संयोजक श्री लक्ष्मी पांडुरंगा स्वामी जी महाराज के माध्यम से आचार्य गौतम बाबा के नेतृत्व में सोनपुर स्थित काली घाट एवं गया में होम इत्यादि अउरी चतुर्थ वेद परायण, ऋग्वेद, यजुर्वेद, सामवेद, अथर्ववेद के मंत्रन से हवन के कार्यक्रम पूरा भइल।
जवना में पटना अखण्ड वासनी मंदिर के मुख्य पुजारी भोलु बाबा, रंजन ओझा, डॉ गोविंद प्रसाद अधिकारी, पी जोशी, जमुई विधायक बंटी चौधरी, मोनटेन सिंह सोशल डिसटेंसिंग के पालन करत सब लोग उपस्थित भइले। आगे ईहो बतावल गईल कि कार्यक्रम पूरा भारत वर्ष में चलावल जाता। एह पूजा अउरी होम के समय इहे प्रार्थना कइल गईल की भगवान भोलेनाथ अउरी माता रानी के कृपा से जल्दी से जल्दी सब लोग ठीक होखे अउर पहिले नीयन सब लोग खुशहाल हो जाऊं । एह ट्रस्ट के माध्यम से राहत सामग्री भी वितरण कइल जाता अउर ई आगे भी जारी रही ।