विज्ञापन

नौतनवा महराजगंज : भारत नेपाल विवाद पर भारत नेपाल बॉर्डर से सटल विधानसभा नौतनवा के विधायक श्री अमनमणि त्रिपाठी जी से भोजपुरी न्यूज़ से खास बातचीत । #bhojpurinewsin

नौतनवा महराजगंज : भारत नेपाल विवाद पर भारत नेपाल बॉर्डर से सटल विधानसभा नौतनवा के विधायक श्री अमनमणि त्रिपाठी जी से भोजपुरी न्यूज़ से खास बातचीत । #bhojpurinewsin 


नौतनवा महराजगंज : भारत नेपाल विवाद पर भारत नेपाल बॉर्डर से सटल विधानसभा नौतनवा के विधायक श्री अमनमणि त्रिपाठी जी से भोजपुरी न्यूज़ से खास बातचीत ।
हमनी  टीम महराजगंज के नेपाल बॉर्डर से सटल महराजगंज जिला के नौतनवा विधानसभा से निर्दलीय विधायक श्री अमनमणि त्रिपाठी जी से बात कइलस जवना में त्रिपाठी जी बड़ा ही बेबाकी से बतवले भारत नेपाल बॉर्डर तनाव के कारण ।
बातचीत में त्रिपाठी जी बतवली की भारत अउरी नेपाल के बेटी रोटी के सम्बन्ध बा एकरा अलावा बतवनी ई नइखे कहल जा सकत की नेपाल चीन के चढवला चाहे पाकिस्तान के चढवला पर ई तनाव बा ई तनाव के असल मुद्दा पहाड़ी वर्सेस मधेशी उंहा के इहो बतवली की बॉर्डर पर ई कुल एक साल से चलता जवना में ओहिजा के लोग बॉर्डर पर भारत विरोधी नारा लगावल हा एकरा के हम माननीय मुख्यमंत्री के संज्ञान में भी ले आ चुकल बानी । आगे उंहा का इहो बतवनी हा कि नेपाल ने भारत के हर संभव सहायता करे के चाहीं हमनियो के हर नेपाली लोग के अपना भाई अउरी अतिथि मानेनीजा और अगर ना रवैया में बदलाव आयी त हमनी के आवश्यकता पड़ी त हमनी के जइसे जवाब देबे के पड़ी हमनी के तैयार बानी जा  कउनो भी भारतीय नागरिक ई बर्दाश्त ना करी । उंहा का कोरोना पर भी बातचीत में बतवनी हा कि कोरोना से बचे खातिर सरकार के नियमन पालन करे पड़ी अउरी जनता से अपील कइनी कि सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करी अउरी मुँह पर मास्क जरूर लगायी ।
त्रिपाठी जी भोजपुरी न्यूज़ के शुभकामना भी देहनी हा ।
पूरा एक्सक्लूसिव इंटरव्यू देखि हमनी के यूट्यूब चैनल पर - www.youtube.com/bhojpurinewsin