विज्ञापन

CBSE बोर्ड रिजल्ट 2020 इंटर में 99.6%अंक लिया के दिव्‍यांगी बनली देश में दुसरका अउरी गोरखपुर टॉपर,कइली भोजपुरी न्यूज़ से बात।

CBSE बोर्ड रिजल्ट 2020 इंटर में 99.6%अंक लिया के दिव्‍यांगी बनली देश में दुसरका अउरी गोरखपुर टॉपर,कइली #bhojpurinewsin से बात।


CBSE बोर्ड रिजल्ट 2020 इंटर में 99.6%अंक लिया के दिव्‍यांगी बनली देश में दुसरका अउरी गोरखपुर टॉपर,कइली #bhojpurinewsin से बात। काल्हु सीबीएसई बोर्ड केबारहवीं रिजल्ट आयिल जवना में उत्तर प्रदेश के छात्र  छात्रा लोग आपन झंडा गड़ले बा लोग । एही क्रम में हमनी के टीम आजु गोरखपुर जिला के सीबीएसई १२ वीं में जिला में 99.6%अंक लिया के टॉप कइली हा अउरी देश में दुसरका स्थान ले आके जिला समाज अउरी प्रदेश के गर्व महसूस करवइली  । दिव्यांगी गोरखपुर के GN नेशनल पब्लिक स्कूल के छात्र बाड़ी।  वइसे त सीबीएसई कउनो मेरिट लिस्ट ना जारी कइलसिहा लेकिन जिला के सब स्कूलन के प्राप्त डेटा के आधार पर दिव्यांगी त्रिपाठी टॉप पर बाड़ी । भोजपुरी न्यूज़ के टीम भी दिव्यांगी अउरी उनकरा माता पिता से मिलके बधाई देहलस अउरी बात चित भी कइलस जवना में दिव्यांगी बतवली हा कि कइसे उ टॉपर के लिस्ट में आपन स्थान बनवाली ।


दिव्यांगी हमनी के साथे बातचीत में बतावली कि कइसे उ आपन पढाई करेली जवना में उ कहली कि पढ़े के घंटा फिक्स कइके ना पढाई कइनी जब मन करात रहल हा तब ओह क्षण के प्लान कइके पढाई कइनी आगे इहो बतवली कि उनकरा सिंगिंग के भी शौक बा और हमनी के एगो गीत भी सुनावली । दिव्यांगी अपना सफलता के श्रेय भगवान , अपना माता पिता , भाई अउरी सब गुरु लोगन के दिहली । दिव्यांगी आगे इहो बतवली की दसवीं कक्षा में भी उनकर स्कूल में 97.6% के साथे दुसरका स्थान रहुवे । 
दिव्यांगी के पिता प्रोफेशर श्री उमेश नाथ त्रिपाठी जी अउर माता श्रीमती उषा त्रिपाठी भी हमसे बात कइल लोग और बतावल लोग की दिव्यांगी LKG से ही टॉप में रहेली अउरी एकरा अलावा उनकरा सिंगिंग पेंटिंग अउरी बॉक्सिंग के भी शौक बा और दिव्याङ्गी के एह सफलता पर उनकरा लोग के अउरी पूरा मोहल्ला अउरी जिला के लोगन के गर्व बा ।
GN नेशनल पब्लिक स्कूल के प्रधानाचार्या दीपाली घोष जी बतवनी हा कि एह सफलता में स्कूल के अध्यापक लोग अउरी दिव्यांगी के बहुत बड़ योगदान बा ।उंहा के आगे इहो बतवली की दिव्यांगी के एक्स्ट्रा एक्टिविटी में भी अच्छा परफॉरमेंस रहुवे एकरा साथ ही बच्ची के उज्जवल भविष्य के कामना भी काइली । आगे इहो बतवली की दिव्यागि कक्षा छठवीं से ही एह स्कूल में पढातारी ।

भोजपुरी न्यूज़ भी दिव्यांगी के उज्जवल भविष्य के कामना करत बा ।

आप सब पाठक लोग भी पूरा इंटरव्यू के वीडियो देखि निचे वीडियो पर क्लिक कइके ।





Post a Comment

0 Comments