विज्ञापन

सोनू सूद जन्मदिन विशेष : आजु 47 साल के भइले फिलिम के विलेन अउरी असली जीवन के हीरो सोनु सूद।

सोनू सूद जन्मदिन विशेष : आजु 47 साल के भइले फिलिम के विलेन अउरी असली जीवन के हीरो सोनु सूद।

फ़ोटो क्रेडीट - सोनु सूद के ट्विटर प्रोफाइल

सोनू सूद जन्मदिन विशेष : आजु 47 साल के भइले फिलिम के विलेन अउरी असली जीवन के हीरो सोनु सूद।
बॉलीवुड के कलाकार सोनु सूद के आजु यानी 30 जुलाई के जन्मदिन ह। आजु उ 47 बारिस के हो गईले।
जबसे कोरोना काल चलता तब से प्रवासी मजदूरन के ही ना लगभग हर तरीका के ज़रूरतमंद लोगन के मदद करत आवा तारे।
उनकर जन्म 30 जुलाई1973 के पंजाब के मोगा में भइल रहुवे अउरी आज उ 47 साल के हो गईले।
आजु भी अपना जन्मदिन पर कई गो नेक काम करतारे जवना में प्रमुख रुप से देशभर में उनकरा द्वारा लगवावे वाला फ्री मेडिकल कैम्प बा।
प्रवासी मजदूरन के कोरोना काल में घर भेजे में त काफी सराहनीय कार्य कइले लेकिन हाल ही ई देखे में आयिल हा की आन्ध्रप्रदेश के एगो गरीब किसान द्वारा बेटीन से खेत जोतवावे के वीडियो वायरल होखला के बाद सोनु सूद ओह गरीब लोगन में ट्रैक्टर खरीद के दे दिहले।

भोजपुरी न्यूज़ के टीम भी सोनु सूद के जन्मदिन के बहुत बहुत बधाई देतिया अउरी उनकरा स्वस्थ, सुखी अउरी दीर्घायु होखे के ईश्वर से कामना करता।

विज्ञापन


Post a Comment

0 Comments