विज्ञापन

बेरोजगारन के समर्थन में आजु ताली थाली बजा के विरोध करी राष्ट्रीय जन जन पार्टी, काल्हु के मीटिंग में पार्टी में तरफ से जारी कइल गईल बयान।

बेरोजगारन के समर्थन में आजु ताली थाली बजायी राष्ट्रीय जन जन पार्टी, काल्हु के मीटिंग में पार्टी में तरफ से जारी कइल गईल बयान।




बेरोजगारन के समर्थन में आजु ताली थाली बजायी राष्ट्रीय जन जन पार्टी, काल्हु के मीटिंग में पार्टी में तरफ से जारी कइल गईल बयान।
काल्हु दिनांक 4 सितम्बर 2020 के राष्ट्रीय जन पार्टी के बक्सर जिला प्रभारी श्री राहुल कुंवर जी के तरफ से पार्टी के मीटिंग के आयोजन भइल अउरी एगो प्रेस बयान जारी कइके ई बतावाल गईल की शिक्षक दिवस यानी 5 सितम्बर 2020 के बेरोजगारन के समर्थन में पार्टी के सब कार्यकर्ता अउरी पदाधिकारी लोग 5 बजेशाम के 5 मिनट तक थाली अउरी ताली बजा के बिहार सरकार अउरी केंद्र सरकार के विरोध करब जा।

उँहा का आगे कहनी की पिछला45 बरिस में बेरोजगारी डर सबसे अधिक बा। केंद्र सरकार के आड़े हाथ लेत उँहा का कहनी कि सरकार सब सरकारी संस्था के निजी हाथ मे बेचले जातिया। उहवे 15 बरिस से काबिज नीतीश सरकार प्रदेश में एगो सुई के फैक्ट्री ना लागवाईलस।
एह मीटिंग के दौरान जिला प्रभारी राहुल कुंवर , मनोज तिवारी सहित कई गो अउरी पार्टी के कार्यकर्ता अउरी पदाधिकारी मौजूद रहले।

Post a Comment

0 Comments