विज्ञापन

बक्सर : अंतराष्ट्रीय क्षत्रिय महासभा के बैठक भइल सम्पन्न, आनंद मोहन के रिहा करावे के मांग उठल।

बक्सर : अंतराष्ट्रीय क्षत्रिय महासभा के बैठक भइल सम्पन्न, आनंद मोहन के रिहा करावे के मांग उठल।


बक्सर : अंतराष्ट्रीय क्षत्रिय महासभा के बैठक भइल सम्पन्न, आनंद मोहन के रिहा करावे के मांग उठल।
आजु बक्सर जिला में अंतराष्ट्रीय क्षत्रिय महासभा के बैठक प्रधान कार्यालय फोर सीजन मैरिज हाल अहिरौली में सम्पन्न भइल जवना के अध्यक्षता माननीय जिलाध्यक्ष अंतराष्ट्रीय क्षत्रिय महासभा जिला बक्सर श्री अवधेश सिंह जी कइनी। जबकि मंच के संचालन राम नाथ सिंह जी कइनी।
एह बैठक में बिहार पीपुल्स पार्टी के संस्थापक श्री आनंद मोहन के सम्मानजनक रिहाई के मांग मुख्यमंत्री श्री नीतीश कुमार से कइल गईल। अउरी अइसन ना होखला पर चुनाव में भयानक परिणाम भोगेके चेतावनी भी दियाईल।
बैठक में बिहार प्रदेश महामंत्री सुधीर सिंह जी कहनी कि आनंद मोहन बिल्कुल निर्दोष बाड़े अउरी उनकरा के राजनीतिक साजिश के तहत फ़सावल गईल बा।
एह बैठक में श्री अवधेश सिंह, डॉ सुधीर सिंह, उमाशंकर सिंह, सम्राट सिंह, पंकज सिंह, कर्मेन्द्र सिंह, रवि भूषण सिंह, रामनाथ सिंह, दीपक कुमार सिंह तोमर, दारा सिंह,रमेश सिंह शामिल रहले लोग।
एह बैठक में ही पंकज सिंह के जिला के महामंत्री बनावल गईल।


Post a Comment

0 Comments