विज्ञापन

बक्सर : जन यूनियन- सामाजिक जनकल्याण संगठन के जिला कार्यकारिणी के बैठक भइल सम्पन्न।

बक्सर : जन यूनियन- सामाजिक जनकल्याण संगठन के जिला कार्यकारिणी के बैठक भइल सम्पन्न।



बक्सर : जन यूनियन- सामाजिक जनकल्याण संगठन के जिला कार्यकारिणी के बैठक भइल सम्पन्न।
आजु मंगलवार के दिन जन यूनियन के जिला बक्सर के जिला कार्यकारिणी के बैठक वीर कुंवर सिंह कॉलोनी में सम्पन्न भइल।
एह बैठक के अध्यक्षता जन यूनियन के जिला संयोजक श्री उमाकांत पांडेय जी अउरी संचालन महिला मोर्चा के जिला संयोजक श्रीमती अनिता सिंह जी कइनी।
एह बैठक में मुख्यातिथि के रूप में जन यूनियन के शाहाबादके क्षेत्रीय प्रभारी श्री अरुण ठाकुर जी सम्मिलित भइनी।
एह बैठक में 2 से 9 अक्टूबर तक जिला के जनसमस्या के लेके जनसंवाद कइल, संगठन विस्तार, मीडिया, सोशल मीडिया, न्युज़ पेपर के मध्य से प्रचार प्रसार कईला के चर्चा भइल।
बैठक के बाद अधिवक्ता श्री बम पांडेय जी के बदमशन द्वारा गोली मारिके हत्या के संदर्भ में शासन से उचित करवाई के मांग कइल गईल। एकरा अलावा 2 मिनट के मौन भी राखल गईल।
एह बैठक में मुख्यरुप से जिला संयोजक उमाकांत पांडेय जी, प्रभारी अरुण ठाकुर जी, महिला मोर्च जिला संयोजक श्रीमती अनिता सिंह जी, जिला सचिव मणि भूषण पांडेय अउरी माया यादव सहित कई गो वरिष्ठ कार्यकर्ता अउरी पदाधिकारी मौजूद रहल लोग।



रिपोर्ट- अजित पाण्डेय

Post a Comment

0 Comments