बक्सर : खुला में शौच से मुक्ति खातिर चली "स्वच्छ गाँव हमारा गाँव हमारा गौरव " अभियान ।
बक्सर : खुला में शौच से मुक्ति खातिर चली "स्वच्छ गाँव हमारा गाँव हमारा गौरव " अभियान ।
खुला में शौच से मुक्ति के स्थायित्व अउरी सम्पूर्ण स्वच्छता खातिर व्यव्हार परिवर्तन के चिर स्थायी बनवले रखे खातिर गाँव अउरी समुदाय स्तर पर सुचना, शिक्षा अउरी संचार (IEC) गतिविधि के सन्चालन अउरी सतत निगरानी कईल जाये खातिर तथा खुला में शौच मुक्ति स्थायित्व परिवर्तन के निरन्तरता खातिर लोहिया स्वच्छ बिहार अभियान के अंतर्गत जिला के सभ गाँव में सितम्बर 2020 से मार्च 2021 कुल सात महिना तक हर महिना एक सप्ताह तक "स्वच्छ गाँव हमारा गाँव हमारा गौरव " अभियान के संचालन करके निर्देश जिला पदाधिकारी दिहले ।
खुला में शौच से मुक्ति के स्थायित्व खातिर सुबह शाम निगरानी , सामुदायिक उत्प्रेरण के संचालन अउरी जन जागृत गतिविधि के संचालन करे के कहल गईल बा ।सितम्बर 2020 से मार्च 2021 कुल सात महिना तक हर महिना प्रथम सप्ताह(1 से 7 तक) तक "स्वच्छ गाँव हमारा गाँव हमारा गौरव " अभियान संचालित करके निर्देश बा ।
एकरा खातिर प्रखंड स्तर पर दिसम्बर 2020 अउरी मार्च 2021 में अउरी जिला स्तर पर फरवरी 2021 में सम्मान समारोह भी कईल जाई ।
"स्वच्छ गाँव हमारा गाँव हमारा गौरव " अभियान संचालित कारत सामय कोविद-19 के स्वस्थ विभाग द्वारा जरी हर दिशानिर्देश के पालन कईल सुनिश्चित करके के कहल गईल बा ।
0 Comments