विज्ञापन

बक्सर : जिला में राष्ट्रीय जन जन पार्टी द्वारा ताली, थाली पिटके रोजगार विरोधी सरकार के विरोध कइल गईल।

देश भर में कोरोना संक्रमण आपन पाँव त फाइलावले ही बा साथ मे बेरोजगारी भी अपना चरम पर बा, देश के GDP में भी तेजी से गिरावट आईल बा।
त एहि युवा लोग के बेरोजगारी के समस्या के लेके बक्सर जिला के अलग अलग क्षेत्रन में राष्ट्रीय जन जन पार्टी के तरफ से काल्हु यानी शनिवार के शाम 5 बजे 5 मिनट खतीर ताली अउरी थाली पिटिके सरकार के विरोध कइल गईल।
ई विरोध प्रदर्शन गांव सरैंजा में पार्टी के प्रदेश सयुक्त सचिव श्री अमित राय अउरी अन्य कार्यकता, डुमरी से प्रदेश युवा महासचिव श्री राहुल कुंवर अउरी अन्य कार्यकर्ता, नैनीजोर से वरिष्ठ पार्टी कार्यकर्ता अउरी मुखिया प्रत्याशी श्री अरविंद तिवारी जी, प्रविन तिवारी जी अउरी कार्यकर्ता तथा महुआरी से शंटू पांडेय, धर्मवीर सिंह, रितिक सिंह, मनु सिंह अउरी अन्य कार्यकर्ता अउरी युवा लोग शामिल भइल।

Post a Comment

0 Comments