विज्ञापन

बक्सर : भाजपा प्रत्याशी सहित नामांकन के अंतिम दिन 17 प्रत्यासी पर्चा भरले, कुल 23 लोग कइल नामांकन।

बक्सर : भाजपा प्रत्याशी सहित नामांकन के अंतिम दिन 17 प्रत्यासी  पर्चा भरले, कुल 23 लोग कइल नामांकन।


बक्सर : भाजपा प्रत्याशी सहित नामांकन के अंतिम दिन 17 प्रत्यासी  पर्चा भरले, कुल 23 लोग कइल नामांकन।

आजु बिहार  विधानसभा चुनाव के प्रथम चरण के नामांकन के अंतिम दिन रहल हा अउरी निर्वाचन अधिकारी केके उपाध्याय के अनुसार कुल 17 लोग आजु नामांकन कइले अउरी 6 लोग पहिले कइले रहल हा।
एहतरी कुल्हि 23 लोग नामांकन कइले। शुक के नामांकन के जांच होइ ओकरा बाद कुल प्रत्याशीन के सही अकड़ा पता चली।
आजु जवन लोग नामांकन कइल ओहमें भाजपा उम्मीदवार परशुराम चतुर्वेदी, अरुण कुमार ओझा, रामनाथ ठाकुर भारतीय सब लोग पार्टी, ध्रुव सिंह, जनता पार्टी, निर्मल कुमार सिंह राष्ट्रीय लोक समता पार्टी, संजय कुमार चौबे राष्ट्रीय जन-जन पार्टी, दिलीप कुमार पांडेय निर्दलीय, राजा राम सिंह निर्दलीय, विश्वेश्वर पांडेय एनसीपी, भारती कुमारी पांडेय निर्दलीय, कमल नारायण यादव निर्दलीय, शत्रुध्न सिन्हा निर्दलीय,शत्रुघ्न सिन्हा निर्दलीय, संजय राय द प्लूरल्स पार्टी, ताफिर हुसैन हिन्दुस्तान विकास दल, भीम प्रसाद, गोवर्धन मिश्रा, बेचु राम तीनो लोग निर्दलीय बा लोग। जवन 6 लोग पहिले से नामांकन कइले बा ओहमें कांग्रेस प्रत्याशी सह महागठबंधन के प्रत्याशी संजय तिवारी उर्फ मुन्ना तिवारी प्रमुख बाड़े।


 प्रशासनिक जानकारी के अनुसार कुल 27 लोग नामांकन फार्म खरीदले रहले जवना में से चार लोग नामांकन ना कइले हा एहमे प्रदीप दुबे, गुप्तेश्वर पांडेय, शिवनाथ गांधी, सत्येन्द्र ओझाा शामिल बा लोग।
विज्ञापन

Post a Comment

0 Comments