विज्ञापन

भदोही : नाबालिग किशोरी के हत्या , बलात्कार के बाद हत्या के आरोप।

भदोही : नाबालिग किशोरी के हत्या , बलात्कार के बाद हत्या के आरोप।

तसवीर-इंटरनेट
भदोही : नाबालिग किशोरी के हत्या , बलात्कार के बाद हत्या के आरोप।
उत्तर प्रदेश में महिला लोगन पर होखे वाला अत्याचार के घटना  एक के बाद एक सामने आवत बा। हाथरस के मामला पर पूरा देश मे उबाल बा अउरी बलरामपुर के घटना भी शर्मसार करे वाली बिया। अब एहि बीच भदोही जिला के कोतवाली गोपीगंज क्षेत्र के एगो गांव मे बियफे के दोपहरिया के बाद एगो बाजड़ा में खेत मे खून से लथपथ चौदह बारिश के किशोरी अचेतावस्था में मिलल। परिजन ओकरा के निजी अस्पताल गोपीगंज ले गइले, जहावा डॉक्टर मृत घोषित कई दिहल लोग।
गोपीगंज कोतवाली क्षेत्र के चकराजाराम तिवारीपुर निवासी परिजन बतावल हा कि किशोरी दिन में 12 बजे के बाद घर से लगभग डेढ़ सौ मीटर के दूरी पर सड़क के तरफ कउनो काम से गईल रहल। जहवां दुष्कर्म की नियति से ओकरा के बाजड़ा के खेत के तरफ अज्ञात दुष्कर्मी खींच ले गईल। किशोरी के विरोध कइला पर ओकरा से मारपीट कई लहूलुहान कई दिहल गईल। किशोरी के घर ना लौटला पर परिवार के लोग खोजबीन में जुटी गईल तब किशोरी अर्धनग्न अवस्था में खेत मे बेहोश पड़ल मिलल। आनन फानन मे ओकरा के अस्पताल ले गईल गवुवे, जहवां डॉक्टर मृत घोषित कई दिहले। परिवार के लोग दुष्कर्म के प्रयास में हत्या के आरोप लगावत बा लोग। घटना की सुचना पर पुलिस अउरी फोरेंसिक टीम गांव पहुंचके खेत के घेराबंदी कई जाँच पड़ताल कर रहल बिया। किशोरी के मौत से गांव मे आक्रोश व्याप्त बा।

पुलिस अधीक्षक रामबदन सिंह भी घटना स्थल पर पहुंचिके  मामला के गहराई के छानबीन मे जुटले। पुलिस अधीक्षक रामबदन सिंह कहले कि पोस्टमार्टम के बादे पता चली सकी कि मामला दुष्कर्म के ह कि कुछ अउरी हकीकत बा।

Post a Comment

0 Comments