विज्ञापन

बलिया : इनार (कुँवां) में गिरला से 19 वर्षीय युवक के मौत।

बलिया : इनार (कुँवां) में गिरला से 19 वर्षीय युवक के मौत।



बलिया : इनार (कुँवां) में गिरला से 19 वर्षीय युवक के मौत।
जिला के बैरिया थानाक्षेत्र के शिवन टोला निवासी रविशंकर सिंह छोटू पुत्र रविन्द्र प्रताप सिंह उमीरी 19 बरिस बुध के राति खान घर के लगे स्थित एगो इनार पर हवा लेत रहले। घरे जाए खतीर उठले अउरी इनार में गिरी गईले।
गिरला के आवाज सुनिके आस पास के लोग जुटल अउरी युवक के इनार से बाहर निकालल लोग लेकिन युवक के इनार में ही मौत हो चुकल रहल। एह सूचना के बाद युवक परिजन लोगन के साथ पूरा गांव में कोहराम मची गईल।
एह घटना के सूचना पर चाँद दियर चौकी प्रभारी सूरज सिंह शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खतीर जिला अस्पताल भेजी दिहले।

Post a Comment

0 Comments