विज्ञापन

सारण : छठ घाट पर मास्क वितरण कइले ओझा परिवार।


सारण : छठ घाट पर मास्क वितरण कइले ओझा परिवार।

छठ पूजा के शुभ अवसर पर वैश्विक महामारी कोविड के ध्यान रखत ओझा परिवार के तरफ से सोनपुर के नयागांव के हसनपुर गांव में मास्क वितरण कइल गइल। जवना में गौतम बाबा, रमन ओझा, पवन ओझा, अंकु सिंह, रंजन ओझा, शीक्षिका उषा ओझा सहित लोग उपस्थित भइले।

एह अवसर पर गौतम बाबा बड़ सुन्दर बात बोलले कि 

सूर्य ,अग्नि ,गंगा ,गौ,ब्राहमण, के एह प्रकृति के दूसरा अवतार मानल जाला, एह प्रकृति के दूसरा अवतार स्वरूप श्री सूर्य देव युग युग से एह प्रकृति के समस्त जीव के पोषण करत आवतारे।

जल ,अग्नि, चमत्कार से भी ऊपर अपना नंगा आंख से जिनकर प्रतिदिन साक्षात दर्शन होता उ श्री सूर्य देव के दर्शन मात्र से सभ पाप भस्म हो जाला।



Post a Comment

0 Comments