विज्ञापन

बलिया : जगह जगह छठी घाट के होता सफाई, गांव के युवक मिलके करतारे छठ घाट के सफाई।

बलिया : जगह जगह छठी घाट के होता सफाई, गांव के युवक मिलके करतारे छठ घाट के सफाई।



बलिया : जगह जगह छठी घाट के होता सफाई, गांव के युवक मिलके करतारे छठ घाट के सफाई।
जिला में हर गांव में छठ घाट के सफाई में लगातार कई दिन से ग्रामीण अउरी गांव के सफाई कर्मी लोग जुटल बा। अब अइसे में जब काल्हु ही छठ पर्व के पहिलका अर्घ्य बा आजु जगह जगह घाट के सफाई के कार्यक्रम अपना आखिरी चरण में बा। एकरा के लेके ग्रामीण लोग एह सफाई काम मे काफी तेज कइले बा लोग ताकि समय से घाट के सफाई कइके एकरा सजावट के काम मे जुटल जाउ।



एहि क्रम में जिला के बैरिया तहसील अंतर्गत आवे वाला ग्राम सभा चकगिरधर उर्फ तिवारी के मिल्की में भोजपुरी न्युज़ के टीम पहुचल अउरी जनलस छठ घाट सफाई के हाल।
ग्राम सभा चकगिरधर तिवारी के मिल्की मे आज लगतार काई दिन से साफ सफाई के कार्यक्रम चलत बा हालाकि छठ पूजा खातीर छठ घाट के सफाई मे सफाई कर्मचारी लोग पुरा तन मन से लाग के सफाई करत बा लोग इ छठ घाट महाराज बाबा के प्रांगण में बा। एहिजा हजारन के संख्या में छठ व्रती लोग छठ करिहे। एह के देखत घाट के सफाई मे ग्राम पंचायत चक गिरधर के सफाई कर्मचारी लोग के साथे गांव के युवा लोग भी साफ सफाई में लागल बा लोग।

Post a Comment

0 Comments