विज्ञापन

बिहार विधानसभा चुनाव : लालटेन के लागल तीर, फाइनल तस्वीर भईल साफ, NDA के 125 सीट के साथे फेरु बनाई सरकार । जानी बक्सर, भोजपुर, सारण, सिवान अउरी गोपालगंज जिला में केकर लहरईल परचम।

बिहार विधानसभा चुनाव  : लालटेन के लागल तीर, फाइनल तस्वीर भईल साफ, NDA के 125 सीट के साथे फेरु बनाई सरकार ।

Photo-internet

बिहार विधानसभा चुनाव  : लालटेन के लागल तीर, फाइनल तस्वीर भईल साफ, NDA के 125 सीट के साथे फेरु बनाई सरकार ।
लम्बा इंतज़ार के बाद बिहार विधानसभा के तस्वीर साफ हो गईल सभ 243 सीटन पर NDA अउरी महागठबंधन में कांटे के टक्कर में 125 सीटन पर जीतल त महागठबंधन 110 अउरी अन्य के खाता में 8 सीट गईल । एह तरीका से NDA गठबंधन बहुमत के जरुरी अकड़ा 122 के पार कर लेहलस ।
बिहार में अगर पार्टी वाइज देखल जाऊ त NDA गठबंधन में भाजपा के 74, JDU के 43, VI P अउरी HAM के 4-4 सीट मिलल त उहवे महागठबंधन में RJD के 75 कांग्रेस के 19, सीपीआई के 2, सीपीआई(M) के 2 अउरी सीपीआई (ML) के 12 सीट मिलल । एकरा अलवा अन्य में ओवैसी के पार्टी AIMIM के 5, BSP के 1, लोकजनशक्ति पार्टी के 1 अउरी एगो निर्दलीय के खाता गईल सीट मिलल ।
पुष्पम प्रिया के प्लुरल्स पार्टी अउरी पप्पू यादव के जन अधिकार पार्टी के खाता में एकहू सीट ना आईल ।

आईं जानल जाऊ कुछ महत्वपूर्ण भोजपुरीया भाषी क्षेत्रन के सीटन के हाल-

बक्सर जिला के सीट बक्सर से कांग्रेस के संजय तिवारी, ब्रह्मपुर से RJD के शम्भुनाथ यादव, डुमराव से सीपीआई (ML) के अजित कुमार सिंह अउरी राजपुर से कांग्रेस के विश्वनाथ राम विजयी भईले।

भोजपुर जिला के सीट आरा से भाजपा के अमरेन्द्र प्रताप सिंह,  बड़हरा  से  भाजपा के राघवेन्द्र प्रताप सिंह  , तरारी से सीपीआई (ML) के सुदामा प्रसाद, संदेश से  RJD के किरन देवी, अगिआंव  से सीपीआई (ML) के मनोज मंजिल , शाहपुर से  RJD के  राहुल तिवारी और जगदीशपुर से  RJD के राम विशुन सिंह विजयी भईले। 

सारण जिला के एकमा से RJD के श्रीकांत यादव, मांझी से सीपीआई (M) डॉक्टर सत्येन्द्र यादव, बनियापुर से RJD के केदारनाथ सिंह, तरैया से भाजपा के जनक सिंह, मढ़ौरा से RJD के जीतेन्द्र कुमार राय, छपरा से भाजपा के डॉक्टर C.N. गुप्ता , गड़खा से RJD के सुरेन्द्र राम , अमनौर से भाजपा के कृशन कुमार मंटू, परसा से RJD के छोटेलाल राय अउरी सोनपुर से RJD के डॉक्टर रामानुज प्रसाद विजयी भईले।

सीवान जिला के सीवान सदर से RJD के अवध बिहारी चौधरी  , जीरादेई सीपीआई (ML) के अमरजीत कुशवाहा, दरौली (सुरक्षित) सीपीआई (ML) के सत्य देव राम, रघुनाथपुर से RJD के हरिशंकर यादव, दरौंदा भाजपा के करनजीत सिंह उर्फ़ व्यास सिंह, बड़हरिया से RJD के बच्चा पाण्डेय, महाराजगंज से कांग्रेस के विजय शंकर दुबे अउरी गोरेयाकोठी से भाजपा के देवेश कान्त सिंह विजयी भईले।

गोपालगंज जिला के बैकुण्ठपुर से RJD के प्रेम शंकर प्रसाद , बरौली से भाजपा के राम प्रवेश राय, गोपालगंज से भाजपा के सुभाष सिंह, कुचायकोट से JDU के अमरेन्द्र पाण्डेय , भोरे (आरक्षित) से JDU के सुनील कुमार , हथुआ से RJD के  राजेश कुमार सिंह विजयी भईले।

Photo -Election Commission 

vigyapan


Post a Comment

0 Comments