विज्ञापन

बम्बई में का बा फेम अउरी बलिया के लाल डॉक्टर सागर के मिलल पुरवइया सम्मान, जिलाधिकारी बलिया भेजले शुभकामना संदेश ।

बम्बई में का बा फेम अउरी बलिया के लाल डॉक्टर सागर के मिलल पुरवइया सम्मान, जिलाधिकारी बलिया भेजले शुभकामना संदेश ।




बम्बई में का बा फेम अउरी बलिया के लाल डॉक्टर सागर के मिलल पुरवइया सम्मान, जिलाधिकारी बलिया भेजले शुभकामना संदेश ।
बम्बई के में का बा से भोजपुरी गीत के नया दिशा देबे वाला गीतकार अउरी बलिया जिला के ककरी गाँव के लाल डॉक्टर सागर जिनकरा के कई गो प्रतिष्ठित पुरस्कारन से नवाजल गईल बा, अब एही सूचि में पुरवइया सम्मान के नाम जुड़ गइल । रउरा सभे के बता दिहल चाहतनी कि इ सम्मान सावित्री बाई फुले के जन्म तिथि के अवसर पर 3 जनवरी 2021 के दिहल जाइ। एह साल इ पुरस्कार कोविड 19 को ध्यान में रखत आनलाइन प्लैटफार्म के जरिए ही प्रदान कइल जाइ। पुरवैया एगो राष्ट्रीय सामाजिक, साहित्यिक अउरी सांस्कृतिक संस्था बा जवन वर्ष 2009 से भारत सरकार के योजना मंत्रालय अउरी दिल्ली सरकार से पंजीकृत बिया। हर साल इ संस्था समाज, साहित्य , शोध अउरी सिनेमा के क्षेत्र में उत्कृष्ट योगदान देबे वाला व्यक्ति अथवा संस्था के सम्मानित करेले।

जनपद वासी के तरफ से शुभकामना संदेश लिखले बलिया डीएम हरी प्रताप शाही -


एतना ख़ास उपलब्धीन से JNU से सिनेमा जगत तक बलिया अउरी भोजपुरिया जवार के नाम उपर उठावला खातिर उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के जिलाधिकारी श्री हरी प्रताप शाही जी आपन शुभकामना संदेश भेजनी हा अउरी उंहा का लिखनी हा कि बलिया के कईगो व्यक्ति देश-विदेश में अपना प्रतिभा से बलिया के नाम आगे बढ़ा रहल बाड़े।  एह काम में डॉ सागर नयका पीढ़ी में एगो महत्वपूर्ण नाम बा, जे बम्बई में का बा गीत के रचना के द्वारा काफी लोकप्रिय भइले। एकरा अलावा भी इनकरा द्वारा आगे भी भोजपुरी सिनेमा में अउरी कईगो महत्वपूर्ण कार्य कइल जाता।
एकरा आगे जिलाधिकारी महोदय लिखनी कि डॉक्टर सागर एही तरह प्रगति करत रहसु अउरी देश विदेश के स्तर पर बलिया अउरी भोजपुरी सभ्यता अउरी संस्कृति के एगो महत्पूर्ण स्तम्भ बनसू।






 

Post a Comment

0 Comments