विज्ञापन

3 जनवरी से शुरू हो जाई छपरा - वाराणसी स्पेशल ट्रेन , जानी एकर पूरा रूट अउरी टाइम टेबल ।

3 जनवरी से शुरू हो जाई छपरा - वाराणसी स्पेशल ट्रेन , जानी एकर पूरा रूट अउरी टाइम टेबल ।





3 जनवरी से शुरू हो जाई छपरा - वाराणसी स्पेशल ट्रेन , जानी एकर पूरा रूट अउरी टाइम टेबल ।
रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा के अतिरिक्त विशेष ट्रेन का संचलन 03 जनवरी, 2021 से अगिला आदेश तक निम्न प्रकार से कइल जाइ। एह गाड़ी में सभ कोच आरक्षित श्रेणी के होइ। एहमें यात्रा करे वाला यात्रि लोगन के कोविड-19 के मानकन के पालन करेके होइ। 05111/05112 छपरा-वाराणसी सिटी-छपरा दैनिक विशेष गाड़ी 03 जनवरी, 2021 से अगिला आदेश तक चलावल जाइ।

05111 छपरा-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी प्रतिदिन छपरा से 03.35 बजे प्रस्थान कइ सुरेमनपुर से 04.03 बजे, बलिया से 4.45 बजे, चिलकहर से 05.17 बजे, रसड़ा से 05.34 बजे, रतनपुरा से 05.52 बजे, इन्दारा से 06.11 बजे, मऊ से 06.30 बजे, दुल्लहपुर से 06.54 बजे, जखनिया से 07.15 बजे, सादात से 07.39 बजे तथा औड़िहार से 08.03 बजे छूटकर वाराणसी सिटी 09.00 बजे पहुची। 

वापसी यात्रा में 05112 वाराणसी सिटी-छपरा दैनिक विशेष गाड़ी 03 जनवरी,2021 से अगिला आदेश तक चलावल जाइ । 05112 वाराणसी सिटी-छपरा विशेष गाड़ी प्रतिदिन वाराणसी सिटी से 18.25 बजे प्रस्थान कइ औड़िहार से 18.55 बजे, सादात से 19.18 बजे, जखनिया से 19.35 बजे, दुल्लहपुर से 19.48 बजे, मऊ से 20.20 बजे, इन्दारा से 20.31 बजे, रतनपुरा से 20.50 बजे, रसड़ा से 21.07 बजे, चिलकहर से 21.23 बजे, बलिया से 22.10 बजे तथा सुरेमनपुर से 23.00 बजे छूटकर दूसरे दिन छपरा 00.20 बजे पहुची। एह गाड़ी के संरचना में साधारण द्वितीय श्रेणी के 13 तथा एसएलआरडी के 02 कोचों सहित कुल 15 कोच लगावल जाइ।

Post a Comment

0 Comments