विज्ञापन

बलिया में भी भइल कोरोना वायरस के टीकाकरण अभियान के शुरुवात, स्वास्थ्यकर्मिय लोगन के लगावल गईल वैक्सीन।


बलिया में भी भइल कोरोना वायरस के टीकाकरण अभियान के शुरुवात, स्वास्थ्यकर्मिय लोगन के लगावल गईल वैक्सीन।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा आज शुरू कइल गइल देश के सबसे बड़ टीकाकरण अभियान के तहत आजु जिला महिला अस्पताल, CHC रसड़ा अउरी CHC सिंकदरपुर में टीकाकरण सुबह शुरू हो गईल। एह टीकाकरण अभियान के तहत जेकरा जेकरा पहिले टिका लागल ओहमें चीफ फर्मासिस्ट डा. मोहम्मद बदरे आलम, जितेंद्र बहादुर सिंह, किरण सिंह डिप्टी नर्सिंग सुपरिटेंडेंट, अमित कुमार एलटी, सुनीता राय, मीरा राय, नर्सिंग आफिसर अरसद खां रहल लोग। एह टीकाकरण अभियान के तहत महिला अस्पताल में 87, रसड़ा सीएचसी 97 अउरी सिकन्दरपुर सीएचसी पर 100 स्वास्थ्य कर्मि लोगन के शाम 5:00 बजे तक टीका लगावल जाइ।   दौरान सीएमओ डॉ. राजेन्द्र प्रसाद, एसीएमओ डॉ. जीपी चौधरी, जिला प्रतिरक्षण अधिकारी डॉ. एके मिश्रा, महिला सीएमएस डॉ. सुमिता सिन्हा, डब्लूएचओ डॉ. नकीब, अविनाश कुमार, यूएनडीपी के कोल्ड चैन मैनेजर बहादुर प्रसाद, यूनिसेफ नसीम सहित चिकित्सक व स्वस्थ्यकर्मी मौजूद रहल लोग।


Post a Comment

0 Comments