विज्ञापन

कोरोना वैक्सिनेशन के भइल शुरुआत, गोरखपुर में ACMO लगवाईले वैक्सीन।


कोरोना वैक्सिनेशन के भइल शुरुआत, गोरखपुर में ACMO लगवाईले वैक्सीन।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा आज शुरू कइल गइल देश के सबसे बड़ टीकाकरण अभियान के तहत आजु जिला अस्पताल गोरखपुर में नगर विधायक डॉक्टर राधा मोहन दास अग्रवाल, डीएम के विजयेंद्र पांडियन, सीडीओ इंद्रजीत सिंह, अपर निदेशक स्वास्थ्य डॉ. जनार्दन मणि त्रिपाठी व सीएमओ डॉ. सुधाकर पांडेय के मौजूदगी में एसीएमओ डॉक्टर एनके पांडे कोरोना वैक्सीन लगवाइले हा। जिलाधिकारी पांडियन जी डॉ पाण्डेय के माला पहिनाके उत्साहवर्धन कइले।



मुख्य कार्यक्रम जिला अस्पताल में भइल। जिला अस्पताल में सुबह 11:19 पर एडिशनल सीएमओ डॉक्टर एनके पांडेय के पहीला टीका लगावल गईल। महिला अस्पताल में 10.50 बजे प्रमुख चिकित्सा अधीक्षक डॉ. माला सिन्हा टीका लगवाके अभियान के शुरुआत कईनी।

एह दौरान जिलाधिकारी महोदय कहानी की वैक्सीन बिल्कुल सुरक्षित बा। अफवाह पर ध्यान देबे के ज़रूरत नइखे।

अउरी सुनी का का कहले एह वीडियो में- 


https://youtu.be/FQIDDYPh7b8



Post a Comment

0 Comments