विज्ञापन

समाज के आईना देखावतीया "टीम मिसरी" के गीत 'अन्हरिया'। राष्ट्रीय बालिका दिवस पर खास गीत रउरो सुनी।



समाज के आईना देखावतीया "टीम मिसरी" के गीत 'अन्हरिया'।

राष्ट्रीय बालिका दिवस पर गोरखपुर के टीम "मिसरी" अपना मातृभाषा भोजपुरी में स्व. श्री रामानंद तिवारी 'अनजान' जी द्वारा रचित गीत "अन्हरिया" लेके आईल बा लोग।
सन 1987 में अनजान जी द्वारा रचित एह गीत के उँहा के संकलन "सराबोर" से लिहल गईल बा।
एकराके एगो नया स्वरूप में टीम 'मिसरी' के आधिकारिक यूट्यूब चैनल से आज राष्ट्रीय बालिका दिवस (24 जनवरी)  के दिन रिलीज कइल गईल।



पहिले भी टीम 'मिसरी' भोजपुरी के विलुप्त होत विधा अउरी पारम्परिक धुन के आजु के दौर के आधुनिकता  से जोड़िके एगो नया अंदाज में पेश करत रहल बा लोग।
एह टीम के ई प्रयास भी लोगन के बहुत पसंद आवत बा।
एहि क्रम में आज ई गीत 'अन्हरिया' रिलीज भइल जवना के लोग काफी पसंद करत बा। 



एह गीत के आदर्श आदी अउरी स्नेहलता जी आवाज देले बा लोग। एह गीत में संगीत आरसी प्रोडक्शन के बा जबकि छायांकन वन शॉट फ़िल्म कइले बिया। एकरा अलावा एह वीडियो में अभिनय पंकज पांडेय, प्रेमलता, राज मौर्य,ऐश्वर्या आर्य, स्नेहलता, माधव अउरी आराध्य कइले बा लोग त रउरो सभ के एह गीत सुने के चाही अउरी अपना क्षेत्र के युवा कलाकारन के प्रोत्साहित करेके चाही।








Post a Comment

0 Comments