विज्ञापन

विधानसभा चुनाव 2021 : बाजी गईल बिगुल विधानसभा चुनाव के , 4 राज्य अउरी 1 केंद्रशाषित प्रदेश के वोटिंग डेट के भईल घोषणा, गिनती एके साथे 2 मई के ।



विधानसभा चुनाव 2021 : बाजी गईल बिगुल विधानसभा चुनाव के , 4 राज्य अउरी 1 केंद्रशाषित प्रदेश के वोटिंग डेट के भईल घोषणा, गिनती एके साथे 2 मई के ।


आजू चुनाव आयोग चार राज्यन अउरी एगो केंद्र शासित प्रदेश के चुनाव के तारीखन के ऐलान कइलास। एहमे पश्चिम बंगाल में 8 चरण ( 27 मार्च, 1,6,10,17,22,26, अउरी 29 अप्रैल), तमिलनाडु में 1 चरण (6 अप्रैल) में, केरल में भी 1 चरण (6 अप्रैल) में अउरी असम में 3 चरण(27 मार्च, 1,6 अप्रैल) में चुनाव होई। एकरा अलावा एगो केन्द्रशासित प्रदेश पुदुच्चेरी में  1 चरण (6 अप्रैल) में होई चुनाव।

रउरा सभे के बता दिहल चाहतानी कि मतगणना सभ जगह एके दिन यानि 2 मई के होई। एकरा अलवा रउरा सभे के जानकारी दिहल चाहतानी कि एह चुनाव में पश्चिम बंगाल में कुल सीट 294 बा जवना में बहुमत खातिर 148 सीट चाही, एहीतरी केरल में कुल सीट 140 बा जवना में बहुमत खातिर 71 सीट चाही, तमिलनाडु में कुल सीट 232 बा जवना में बहुमत खातिर 117 सीट चाही, असम में कुल सीट 126 बा जवना में बहुमत खातिर 64 सीट चाही अउरी पुडूचेरी में कुल सीट 30 बा जवना में बहुमत खातिर 16 सीट चाही ।

Post a Comment

0 Comments