विज्ञापन

सिंगापुर : समारोह सिंगापुर नाम से मातृभाषा दिवस पर कार्यक्रम आयोजित भइल, मिलल भोजपुरी भाषा के भी जगह।




सिंगापुर : समारोह सिंगापुर नाम से मातृभाषा दिवस पर कार्यक्रम आयोजित भइल, मिलल भोजपुरी भाषा के भी जगह।


आजु मातृ भाषा दिवस ह अइसना में हमनी के आपन मातृ भाषा अपने देश मे आपन जगह खोजत बिया। जहवाँ हमनी के मातृ भाषा 2 करोड़ से ज्यादा लोग बोले वाला बा ओहिजे एह भाषा के अभी तक भारत मे कवनो संवैधानिक दर्जा नइखे मिलल।
लोग भी एकरा के अभी तक ठुमका अउरी ठहाका तक सीमित कई दिहले बाड़े। आइसना एगो बहुत ही सकारात्मक खबर अपना देश से दूर सिंगापुर में से आईल जहवाँ मातृभाषा दिवस पर एगो कार्यक्रम आयोजित भइल जवना में हिंदी, पंजाबी, मराठी, बंगाली, उड़िया ,सिंधी अउरी तमिल भाषा के साथे भोजपुरी के भी स्थान मिलल।

ई कार्यक्रम ऑनलाइन आयोजित भइल रहे अउरी एह कार्यक्रम के ऑर्गनाइज बालीवुड ऐक्टर शिशिर शर्मा अउरी रेनिता कपूर कईले रहल लोग। एह कार्यक्रम में भोजपुरी भाषा के प्रतिनिधित्व सिंगापुर में रह रहल भारतीय अउरी उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के श्री शैलेन्द्र दुबे जी कइनी।

शैलेन्द्र दुबे सहित ओइसन सभ लोगन के भोजपुरी न्युज़ सलाम करत बा जे दूर देश मे रहिके भी अपना जड़ अउरी मातृभाषा से अलग नइखे भइल। ना त एहिजा त गांव में भी रहिके लोगन के भोजपुरी से परहेज होखे लागत बा।



Post a Comment

0 Comments