विज्ञापन

पूर्वोत्तर रेलवे अपडेट : मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विषेष गाड़ी के शुभारम्भ रेल मंत्री विडियो लिंक के माध्यम से कइनी।


पूर्वोत्तर रेलवे अपडेट : मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विषेष गाड़ी के शुभारम्भ रेल मंत्री विडियो लिंक के माध्यम से कइनी।

रेल, वाणिज्य एवं उद्योग तथा उपभोक्ता मामले, खाद्य एवं सार्वजनिक वितरण मंत्री, भारत सरकार श्री
पीयूष गोयल जी वीडियो लिंक के माध्यम से 14 फरवरी, 2021 के मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विषेष गाड़ी के शुभारम्भ कइनी।
इस अवसर पर मऊ में आयोजित समारोह के वीडियो लिंक के माध्यम से सम्बोधित करत रेल मंत्री श्री पीयूष गोयल जी मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस नियमित विशेष ट्रेन के संचालन के बधाई दीहले अउरी कहले कि मऊ क्षेत्र के जनता के मांग रहल कि मऊ से दिल्ली खातिर एगो अतिरिक्त तीव्रगामी गाड़ी चलावल जाये। एकरा के ध्यान में रखके मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन के स्वीकृति प्रदान कइल गइल अउरी आज एह गाड़ी के शुभारम्भ कइल जा रहल बा।
श्री गोयल जी कहनी कि एह गाड़ी के संचालन से सायं मऊ से चलकर सुबह दिल्ली पहुॅचे के सुविधा उपलब्ध हो गइल बा। मऊ, औंड़िहार, जौनपुर क्षेत्र के जनता के दिल्ली जाये खातिर ना केवल एगो अतिरिक्त यात्रा सुविधा उपलब्ध होइ वरन् मऊ क्षेत्र के वस्त्र उद्योग के उत्पादोन के महानगरन में भेजे में भी सुविधा होइ। एहिजा के बुनकरन द्वारा तैयार साड़ी अउरी अन्य वस्त्रन के बिक्री हेतु बाजार मिलला से क्षेत्र के आर्थिक विकास के गति मिली। इ गाड़ी पूर्वान्चल के विकास में अहम कड़ी होइ।आवे वाली चुनौतिन से निपटे खातिर रेलवे के आधारभूत संचरना के मजबूत करे खातिर व्यापक कदम उठावल गइल बा। आधारभूत संरचना के मजबूती खातिर पूर्वाचल में चल रहल परियोजना के पूरा होखे से आर्थिक विकास के अउरी गति मिली। वर्ष 2009 से 2014 तक
उत्तर प्रदेश के रेल परियोजना के औसत धन आवंटन रू. 1109 करोड़ प्रतिवर्ष के सापेक्ष में वर्ष 2014 से 2019 में उत्तर प्रदेश के रेल परियोजना खातिर औसत बजट आवंटन रू. 5278 करोड़ प्रतिवर्ष रहल। वर्ष 2021-22 के बजट में उत्तर प्रदेश में चल रहल रेल परियोजना खातिर रू. 12700 करोड़ के आवंटन कइल गईल बा जवन कि वर्ष 2009 से 2014 तक आवंटित औसत वार्षिक धनराषि से 1000 प्रतिशत अधिक बा। गत वर्ष भी उत्तर प्रदेश के रेल परियोजना खातिर रू. 8776 करोड़ के आवंटन कइल गईल बा।
उहाँ का कहनी कि कोरोना संक्रमण काल में मऊ जं. देश के सेवा में समर्पित रहल तथा देश के पहीला रेलवे स्टेशन रहल, जहां सर्वप्रथम कोविड केयर कोच में कोरोना मरीजन का सफल उपचार प्रारम्भ भईल। एह महामारी के दौरान 55 श्रमिक ट्रेन मऊ जं. आइली स। रेल मंत्री श्री गोयल जी कहले कि रेलवे के सिद्वान्त यात्री सेवा बा, यात्री सेवा ही देश सेवा बा।



एह अवसर पर सदस्य विधान परिषद श्री अरविन्द कुमार शर्मा जी  मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन हेतु रेल मंत्री श्री पीयूष गोयल जी के साधुवाद देत कहले कि एह गाड़ी के संचालन से औंड़िहार, जौनपुर, सुल्तानपुर क्षेत्र के जनता को दिल्ली जाने के एगो अतिरिक्त यात्रा सुविधा उपलब्ध हो गइल बा। अब इहवा के व्यापारिन अउरी बुनकरन में आपन माल दिल्ली भेजे में काफी सहूलियत होइ।
रेल मंत्री श्री पीयूष गोयल अउरी मऊ में मंचासीन अतिथि लोगन के स्वागत करत महाप्रबन्धक, पूर्वोत्तर रेलवे श्री विनय कुमार त्रिपाठी जी कहनी कि मऊ क्षेत्र के जनता के मांग के देखत रेल मंत्री श्री पीयूष गोयल जी मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन के स्वीकृति प्रदान कइनी। 05139 मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक नियमित विशेष गाड़ी प्रत्येक मंगलवार एवं शुक्रवार के मऊ से 20.50 बजे प्रस्थान कइ दूसरे दिन आनन्द विहार टर्मिनस 11.30 बजे पहुँची। जबकि 05140 आनन्द विहार टर्मिनस-मऊ द्विसाप्ताहिक विशेष गाड़ी प्रत्येक बुधवार अउरी शनिवार के आनन्द विहार टर्मिनस से 16.45 बजे प्रस्थान कइ दूसरका दिन मऊ 06.20 बजे पहुँची। एह गाड़ी के औंड़िहार, जौनपुर, सुल्तानपुर, लखनऊ अउरी कानपुर सेन्ट्रल स्टेशनन पर ठहराव प्रदान कइल गईल बा। आज इ ट्रेन उद्घाटन विशेष गाड़ी के रूप में चलावल जा रहल बा। एह विशेष गाड़ी में कुल 21 एल.एच.बी. कोच लगावल जाइ। श्री त्रिपाठी जी कहनी कि मऊ जं. स्टेशन पर उन्नत यात्री सुविधा उपलब्ध करावल गइल बा।
मंडल रेल प्रबन्धक, वाराणसी श्री विजय कुमार पंजियार अतिथि लोगन के प्रति धन्यवाद ज्ञापित कइनी अउरी मुख्य जनसम्पर्क अधिकारी, पूर्वोत्तर रेलवे श्री पंकज कुमार सिंह कार्यक्रम के संचालन कइनी।




Post a Comment

0 Comments