विज्ञापन

बलिया : श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पर भव्य कलश यात्रा के साथे शुरू भईल श्रीमद्भागवत महापुराण कथा के शुरुवात ।


बलिया : श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पर भव्य कलश यात्रा के साथे शुरू भईल श्रीमद्भागवत महापुराण कथा के शुरुवात । 


आजू जिला के बैरिया क्षेत्र में स्थित ग्राम सभा चकगिरधर श्री स्वामी जी महाराज बाबा कि मठिया से आज भव्य कलश यात्रा के साथे श्रीमद्भागवत महापुराण कथा अउरी यज्ञ के शुरवात भईल। आजू एह कलश यात्रा के अवसर पर हजारन के संख्या में भक्त चकगिरधर उर्फ़ तिवारी के मिल्की स्थित श्री स्वामी जी महाराज बाबा कि मठिया से जयकारा लगावत, कलश लेके बिन्द के टोली, जगन के डेरा, रानीगंज बाजार ,बीबी टोला होत बहुवारा सती घाट पहुचल जहा से कलश में गंगा जल भरके वापस मिल्की मठिया पर यज्ञ मंडप क आईल लोग।

एही क्रम में दीपुजन अउरी श्रीमद्भागवत महापुराण कथा के प्रारम्भ - 15 फरवरी 2021, बसंत पंचमी अउरी श्री स्वामी जी महाराज बाबा जी के जन्मोत्सव - 16 फरवरी 2021 तथा  पूर्णाहुति, ब्रह्मभोज अउरी संत विदाई - 24 फरवरी 2021 के होई।



उक्त सन्दर्भ में मिल्की मठिया के सेवक सतीश दास जी बतवनी कि 15 फरवरी से 23 फरवरी तक दिन के 2 बजे से शाम के 8 बजे तक प्रवचन के कार्यक्रम चली । अतः एह अवसर पर सेवक सतीश दास जी समस्त धर्मानुरागी लोगन से अपील कइनी कि अधिक से अधिक संख्या में आके पुन्य के भागी बनी। एहमे प्रवचनकर्ता पंडित सुनील पाण्डेय जी, पंडित सत्यनारायण दास अउरी बुलेट बाबा रही लोग।

आजके एह कलश यात्रा में समस्त ग्रामवासी अउरी क्षेत्र वासी लोग शामिल भईले ।

एह कलश यात्रा के पूरा विडियो देखि --






Post a Comment

0 Comments