विज्ञापन

फगुआ कार्यशाला : लोक संस्कृति के गीतन के घर घर पहुचावे के प्रयास कईल जाउ - अपर जिलाधिकारी/नगर




फगुआ कार्यशाला : लोक संस्कृति के गीतन के घर घर पहुचावे के प्रयास कईल जाउ - अपर जिलाधिकारी/नगर

गोरखपुर,28 फरवरी,विलुप्त हो रहेल लोकगीतन के संरक्षित कई ओकरा के नया पीढ़ी से जोड़े के कार्य अति प्रसंसनीय बा,विलुप्त हो रहल लोकगीतन के घर घर तक पहुचावे के कार्य करेके होई।

उक्त बात संस्कृति विभाग, उत्तर प्रदेश अउरी लोकगायिका स्व मैनावती देवी द्वारा स्थापित शारदा संगीतालय के संयुक्त तत्वावधान में लोक परम्परा के संरक्षित करे अउरी नया पीढ़ी को लोक परम्परा से जोड़े के उद्देश्य से आयोजित 10 दिवसीय प्रस्तुति परक होली गीत कार्यशाला के शुभारंभ के अवसर पर बतौर मुख्य अतिथि श्री राकेश कुमार श्रीवास्तव, ए डी एम/सिटी महोदय कहनी । 



संगीत नाटक एकेडमी के सदस्य अउरी लोक गायक राकेश श्रीवास्तव के निर्देशन मे पारंपरिक फगुआ कार्यशाला के आयोजन कईल जा रहल बा जवन दिनांक 1 मार्च से 10 मार्च तक होई ,प्रशिक्षित प्रतिभागियों द्वारा आमंत्रित श्रोता लोगन के बीच प्रस्तुति भी होई। कार्यक्रम की अध्यक्षता करत भाजपा के वरिष्ठ नेता रमेश सिंह जी कहनी कि फगुआ गीत हमनी के धरोहर बा जवन विलुप्त हो रहल बा जवना के हमनी के बचावे के होई, आवश्यकता बा एकर संरक्षण कइला के जवना के राकेश श्रीवास्तव जी बड़ा ही निष्ठा अउरी समर्पण से कर रहल बाड़न। 



कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि डॉ मनोज गौतम,उप निदेशक,बौद्ध संग्रहालय अउरी अशोक पांडेय,प्रिंसीपल, विकास भारती रहनी लोग, कार्यक्रम के सफल संचालन शिवेंद्र पांडेय जी कईनी, अतिथि लोगन के स्वागत कनक हरि अग्रवाल अउरी आभार डॉ निशि अग्रवाल जी कईनी।कार्यक्रम का शुभारंभ एगो वसंत गीत  " आइल वसंत ऋतु आइल हो मोरा मन अजराइल....से भइल जवना में सहभाग कईनी हृदया त्रिपाठी,विभा सिंह,सीमा राय, कनिष्का श्री,उर्वशी श्रीवास्तव, सलोनी मिश्रा,श्रुति कसौधन,अवंतिका दुबे,प्रमिला दुबे,उषा श्रीवास्तव, अंजना लाल,बृजेश विश्कर्मा, पवन पंछी,आकाश गुप्ता,सुमित,बंटी,अहमद अली पंकज मिश्रा अउरी पवन कुमार जी। 

एह अवसर पर विजय शंकर विश्वकर्मा, विजय कुमार श्रीवास्तव, डॉ अमर चन्द्र मानवेन्द्र त्रिपाठी सहित तमाम लोग उपस्थित रहल।


फगुवा कार्यशाला : कार्यक्रम का शुभारंभ एगो वसंत गीत "आइल वसंत ऋतु आइल हो मोरा मन अजराइल" से भइल। सुनी ई मोहक गीत👇

https://youtu.be/Gt34bTGxJUM











Post a Comment

0 Comments