विज्ञापन

बलिया के लाल अउरी “बम्बई में का बा” गीत से पूरा देश में प्रसिद्धि पावे वाले डॉ. सागर के मिलल वाग्धारा यंग अचीवर्स अवॉर्ड' ।




बलिया के लाल अउरी “बम्बई में का बा” गीत से पूरा देश में प्रसिद्धि पावे वाले डॉ. सागर के मिलल वाग्धारा यंग अचीवर्स अवॉर्ड' ।

 “बम्बई में का बा” गीत से पूरा देश में प्रसिद्धि पावे वाले बलिया के लाल डॉ. सागर के सिनेमा के क्षेत्र में उत्कृष्ट योगदान ख़ातिर महाराष्ट्र के राज्यपाल भगत सिंह कोश्यारी जी 'वाग्धारा यंग अचीवर्स अवॉर्ड' से सम्मानित कईनी।एह ख़बर से बलिया वासिन में खुशी के माहौल बा। बलिया के लोग उनकरा तरक्की के कामना करत उहाँ के शुभकामनाएं दे रहल बा लोग। बता दिहल जाउ कि डॉ. सागर के वाग्धारा यंग अचीवर्स अवॉर्ड मुंबई में दिहल गईल। डॉ. सागर के “बंबई में का बा” गीत ख़ातिर एह सम्मान से नवाज़ल गईल। एह गीत में उँहा का कोरोना काल में बिहार अउरी यूपी के प्रवासी मजदूरन के दर्द के बख़ूबी बयां कइले बानी।

Post a Comment

0 Comments