विज्ञापन

कुशीनगर : पुलिस की तत्परता से 16 वर्षीय गुमसुदा बालक सकुशल भइल बरामद।





कुशीनगर : पुलिस की तत्परता से 16 वर्षीय गुमसुदा बालक सकुशल भइल बरामद।


जनपद में गुमसुदा बच्चन के बरामदगी ख़ातिर चलावल जा रहल अभियान के क्रम में थाना तुर्कपट्टी के मोहन सिंह के भठ्ठा से महेश पुत्र सूरजपाल साकिन गुरगांवा थाना नवाबगंज जनपद बरेली उम्र 16 वर्ष जवन अपना जीजा प्रमोद कुमार पुत्र बेगराज ग्राम पटना थाना भूतहा जिला बरेली के साथ मोहन सिंह पुत्र विजय सिंह पता क़ुरमौटा पोस्ट बसडीला थाना तुर्कपट्टी के भठ्ठा पर ही रहत रहले अउरी उहवे से आज दिनांक 09.02.2021 के  भठ्ठा पर से ही लइका कहीं चल गईल रहे। जवना के सूचना लईके के पिता के द्वारा सरकारी नंबर पर दीहक गईल रहे पुलिस द्वारा त्वरित कार्यवाही करत उक्त घटना के संज्ञान लेत लइका के खोजबीन कईल गईल त लईका थाना को0 पड़रौना पुलिस टीम द्वारा पडरौना बस स्टैंड के पास से बरामद कईल गईल, लइका के जीजा प्रमोद कुमार अउरी भठ्ठा मालिक मोहन सिंह के बोलाके सुपुर्द कइल गईल।




Post a Comment

0 Comments