विज्ञापन

टीम मिसरी नया भोजपुरी होली गीत भइल रिलीज, राज मौर्या लउकले मुख्य किरदार में।





टीम मिसरी नया भोजपुरी होली गीत भइल रिलीज, राज मौर्या लउकले मुख्य किरदार में।


हमेशा अपना गीतन से चर्चा में रहे वाला, ख़ास करके भोजपुरी संगीत के एगो नया दिशा देबे वाली टीम मिसरी के आज होली के गीत रिलीज भइल। एह गीत के बोल 'रंग बरसे' बा। गीत के लिखले अउरी संगीत देले बानी स्व बालेश्वर यादव जी अउरी अतिरिक्त लाइन एहमे टीम मिसरी के संयोजक आदर्श आदी जी अउरी आदर्श राजन जी लिखले बानी, एकरा साथे एकर नया संगीत सुशांत देव जी बनवले बानी।
एहमे अपना अभिनय के छाप छोड़ले बानी राज मौर्या, ऐश्वर्या आर्या, अमित सिंह, काजल अग्रहरि, पूजा निषाद, राहुल कुशवाहा, डॉक्टर नीलिमा सिंह, फिरोज खान, जयवीर राज, प्रेमलता, आयुषी, तनु, सुहानी, वैभव, नावेद, माधव, आराध्य, आकर्ष, आदित्य राजन अउरी अभिषेक जी।
एह गीत के आपन स्वर देले बानी आदर्श आदी, पूजा निषाद अउरी काजल अग्रहरि जी। एह गीत के वीडियो भी काफी खूबसूरत लोकेशन पर शूट भइल बा अउरी सभ कलाकार लोग काफी मेहनत अउरी उम्दा कलाकारी कइले बा। ख़ास तौर पर मुख्य किरदार के रूप में राज मौर्य के एंट्री अउरी जोकर के शानदार अभिनय के हर तरफ चर्चा बा।




आज एकर रिलीज कार्यक्रम गोरखपुर के एसएस एकेडमी में राखल गईल जावना में एह वीडियो से जुड़ल सभ कलाकार अउरी मुख्यातिथि दैनिक जागरण समूह के गोरखपुर प्रबंधक प्रवीण कुमार जी के उपस्थिति में केक कटिके गाना के रिलीज कइल गईल। जबसे ई गना के यूट्यूब पर प्रीमियर भइल बा सगरो एकर सराहना होता।

त रउवो सुनी एह कर्णप्रिय गीत के अउरी शामिल होइ अश्लीलता से दूर एगो श्लील भोजपुरी के दुनिया के एह शानदार होली गीत के साथ।
एग गीत के मिसरी के यूट्यूब चैनल पर देखल जा सकेला, फिलहाल ई गाना राउवा सभे नीचे लिंक पर क्लिक कइके देलह सकत बानी।



Post a Comment

0 Comments