विज्ञापन

गोरखपुर : जिला निर्वाचन अधिकारी (पंचायत) समस्त ग्राम प्रधान अउरी उनकरा सदस्य समस्त क्षेत्र पंचायत के सदस्य अउरी जिला पंचायत के सदस्यन के सामान्य निर्वाचन के समय-सारणी जारी कर दिहनी।

  




गोरखपुर : जिला निर्वाचन अधिकारी (पंचायत) समस्त ग्राम प्रधान अउरी उनकरा सदस्य समस्त क्षेत्र पंचायत के सदस्य अउरी जिला पंचायत के सदस्यन के सामान्य निर्वाचन के समय-सारणी जारी कर दिहनी। 

राज्य निर्वाचन आयोग द्वारा जारी अधिसूचना के अनुपालन में जिला मजिस्ट्रेट/जिला निर्वाचन अधिकारी (पंचायत) के0 विजयेन्द्र पाण्डियन समस्त ग्राम प्रधान अउरी उनकरा सदस्य समस्त क्षेत्र पंचायत के सदस्य अउरी जिला पंचायत के सदस्यन के सामान्य निर्वाचन के समय-सारणी जारी कर दिहनी। जनपद में प्रथम चरण में चुनाव होखेके बा।


जिला मजिस्ट्रेट द्वारा जारी समय सारणी के अनुसार, जिला के समस्त विकास खंड में नामांकन 3 अप्रैल से 4 अप्रैल तक सुबह 8 बजे से शाम 5 बजे तक होई । नामांकन पत्रन के जांच 5 अप्रैल से 6 अप्रैल तक सुबह 8 बजे से कार्य में समाप्ति तक होइ। उम्मीदवारी वापसी के समय 7 अप्रैल के सुबह 8 बजे से दोपहर 3 बजे तक बा।

7 अप्रैल के ही दोपहर 3 बजे से कार्य के समाप्ति तक प्रतीक आवंटन होई अउरी 15 अप्रैल दिन सोमवार के सुबह 7 बजे से शाम 6 बजे तक मतदान होई। मतगणना 2 मई के सुबह 8 बजे से कार्य के समाप्ति तक होई। समय सारणी के बीच पड़े वाला सार्वजनिक अवकाश के दिनन में भी संबंधित कार्यालय खुला रही अउरी एकरा अनुसार कार्यवाही जारी रही। सूचना निर्गत होखेके बाद यानी 27 मार्च से नामांकन पत्रन के विक्रय किया जाई।


जिला मजिस्ट्रेट/ जिला निर्वाचन अधिकारी (पंचायत) बतावनी कि नामांकन पत्रन के विक्रय, नामांकन पत्र दाखिल करेमे अउरी उनकर समीक्षा करेमे, उम्मीदवारी वापस लेबे अउरी चुनाव चिन्ह आवंटन के कार्य संबंधित ब्लॉक मुख्यालय पर ही होई लेकिन, जिला पंचायत सदस्य ख़ातिर ई सभ कार्यवाही जिला मुख्यालय पर होई। ग्राम प्रधान व सदस्य, क्षेत्र पंचायत सदस्य के मतगणना अउरी परिणाम के घोषणा संबंधित ब्लाक के अंतर्गत निर्धारित मतगणना स्थल पर होई। जबकि जिला पंचायत सदस्य के मत के गणना सम्बन्धित ब्लाक के अंतर्गत निर्धारित मतगणना स्थल पर त होई, लेकिन परिणाम के घोषणा जिला पंचायत मुख्यालय पर कईल जाइ।

Post a Comment

0 Comments