विज्ञापन

पंचायत चुनाव : हो गईल घोषणा चुनाव के तारीख के, जानी कहवाँ कहिया बा चुनाव।

पंचायत चुनाव : हो गईल घोषणा चुनाव के तारीख के, जानी कहवाँ कहिया बा चुनाव।


4 चरणों मे होंइ  चुनाव, 15,19,26,29 अप्रैल के होइ मतदान, 2 मई के आइ परिणाम।

बलिया, देवरिया, चंदौली में 26 अप्रैल त गोरखपुर में 15 , महाराजगंज, आजमगढ़, वाराणसी में 19, कुशीनगर, गाजीपुर, सोनभद्र, मऊ में 29 अप्रैल के होई चुनाव। पहीला चरण के नामांकन 3 और 4 अप्रैल के होइ, दूसरा चरण के नामांकन 7 और 8 अप्रैल के होइ, तीसरा चरण के नामांकन 13 और 15 अप्रैल के होइ , चौथा चरण के नामांकन 17 और 18 अप्रैल के होइ अउरी 2 मई के पंचायत चुनाव के मतगणना होइ।

यूपी में ग्राम पंचायतन के संख्या 58,189 बा ,ग्राम पंचायतन के वार्डन के संख्या 7,32,563, क्षेत्र पंचायतन के संख्या 826, क्षेत्र पंचायतन के वार्डन के संख्या 75,855,  जिला पंचायतन के संख्या 75 अउरी जिला पंचायत के पद के संख्या 3,051 बा। एकरा अलवा यूपी में मतदान केंद्रन के संख्या 80,762 अउरी मतदाता के संख्या 12.39 करोड़ बा।





उत्तरप्रदेश पंचायत चुनाव के अधिसूचना जारी



ऊ0 प्र0 पंचायत सामान्य निर्वाचन २०२१ - आरक्षण अउरी आवंटन की अंतिम सूचि देखि एहिजा- 

Post a Comment

0 Comments