विज्ञापन

गोरखपुर : नारी सशक्तिकरण पर गीतन के भइल प्रस्तुति।




गोरखपुर : नारी सशक्तिकरण पर गीतन के भइल प्रस्तुति।

अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के पूर्व संध्या पर विजय चौक  स्थित एस एस एकेडमी  पर शारदा संगीतालय के छात्रा लोग नारी सशक्तिकरण पर अपना गीतन के प्रस्तुति से देश के ओह महिला के याद कईल जे लोग अपना त्याग अउरी तपस्या से देश अउरी समाज मे आपन विशिष्ट स्थान बनावल लोग। गीत के प्रस्तुति संगीत नाटक एकेडमी के सदस्य राकेश श्रीवास्तव के निर्देशन में श्रीमती प्रमिला दुबे,अंजना लाल,श्रीमती विभा सिंह,सीमा राय, उषा श्रीवास्तव, सलोनी मिश्रा, अवंतिका दुबे,अपर्णा त्रिपाठी, स्वीटी सिंह,स्वेता वर्मा,निधि श्रीवास्तव सहित दर्जन भर महिला लोग गीतन के प्रस्तुति दीहल लोग, ढोलक पर पवन कुमार जी संगत कईनी।

Post a Comment

0 Comments