विज्ञापन

प्रधानमंत्री मोदी जी लिहनी कोरोना वैक्सीन के पहिला खुराक, कहले आईं हमनी का भारत के COVID-19 मुक्त बनावल जाउ।




प्रधानमंत्री मोदी जी लिहनी कोरोना वैक्सीन के पहिला खुराक, कहले आईं हमनी का भारत के COVID-19 मुक्त बनावल जाउ।


प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी एम्स(AIIMS) में COVID-19 वैक्सीन के पहिला खुराक लिहनी। एकर जानकारी उँहा का खुद ट्वीट कइके जानकारी दिहनी।

एह दौरान उँहा का लोगन से वैक्सीन लगवावे के अपील करत कहनी की आईं हमनी का भारत के covid-19 मुक्त बनावल जाउ।

प्रधामनंत्री महोदय आगे ट्वीट कइके एकर जानकारी दिहनी अउरी लिखनी की "AIIMS में COVID-19 वैक्सीन के हम पहिलका खुराक लिहनी।

उल्लेखनीय बा कि कईसे हमनी के डॉक्टर अउरी वैज्ञानिक लोग covid ​​-19 के खिलाफ वैश्विक लड़ाई के मजबूत करे ख़ातिर त्वरित समय में काम कईल लोग।

हम ओह सभ से अपील करत बानी कि जे वैक्सीन लेबे के योग्य बा उ लोग वैक्सीन लगवावे अउरी साथ मिलके, हम भारत के COVID-19 मुक्त बनावे के कोशिश करीं।

Post a Comment

0 Comments