विज्ञापन

छत्तीसगढ़ नक्सल अटैक : 22 जवान शहीद , 31 घायल ।



छत्तीसगढ़ नक्सल अटैक : 22 जवान शहीद , 31 घायल । 

छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित बीजापुर में शनिवार के नक्सलिन द्वारा 700 से अधिक जवान के घेर के हमला कइल गईल। बीजापुर एसपी रविवार के बतावले कि नक्सलि के साथ भईल मुठभेड़ में 22 जवान शहीद हो गइल बा लोग अउरी कईगो जवान अब भी लापता बा लोग।नक्सलि दू दर्जन से अधिक सुरक्षाकर्मिन के हथियार भी लूट लिहले। लापता जवान के तलाश खातिर आज सुबह से  सुरक्षाबल के सर्च अभियान जारी बा। सुरक्षा बल लापता 17 जवान के शव घटनास्थल से बरामद कर लिहले बा लोग। 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह अउरी छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल घटना के लेके दुख व्यक्त कइल लोग। गृह मंत्री शाह बघेल से फोन पर बात कइ घटना के जानकारी लीहले। 


Post a Comment

0 Comments