विज्ञापन

भोजपुर के नया पुलिस अधीक्षक बनले राकेश कुमार दुबे।



भोजपुर के नया पुलिस अधीक्षक बनले राकेश कुमार दुबे।


 42वीं बैच के बिहार पुलिस सेवा के अधिकारी से आइपीएस अधिकारी राकेश कुमार दुबे के भोजपुर पुलिस के कमान सौंपल गईल बा। काफी तेजतर्रार अउरी जाने-माने अफसर राकेश कुमार दुबे पहिला बार कवनो जिला के एसपी बनावल गईल बाड़े। एकरा से पहीले राकेश दुबे बिहार के राज्यपाल के ADC रहले। साल 2000 में उ बिहार पुलिस सेवा में आईल रहले। दिसंबर 2020 में आईपीएस में प्रमोशन मिलल रहे। ई पटना में एएसपी व डीएसपी के भी जिम्मेवारी संभाल चुकल बाड़े। 

वर्तमान SP हर किशोर राय के सीतामढ़ी के पुलिस कप्तान बनावल गईल बा।

Post a Comment

0 Comments