विज्ञापन

गोरखपुर : कलाकारों के सुख दुख के साथी सदैव बनल रहब- राज्य सभा सांसद जयप्रकाश निषाद।



गोरखपुर : कलाकारों के सुख दुख के साथी सदैव बनल रहब- राज्य सभा सांसद जयप्रकाश निषाद।

बीती रात  5 अप्रैल के शुभम मैरेज हाल,करीम नगर गोरखपुर में आकाशवाणी दूरदर्शन कलाकार मंच के ओर से आयोजित होली मिलन अउरी सम्मान समारोह सम्पन्न भइल। बतौर मुख्य अतिथि श्री जयप्रकाश निषाद, सांसद राज्य सभा अपना सम्बोधन में कहले कि कलाकार देश अउरी संस्कृति के संवाहक होखेला लोग। अइसन में उनकर सुख दुख में हम जब भी याद कइल जाइब, शामिल रहब ।विशिष्ट अतिथि शैलेश शरण शुक्ल,सहायक निदेशक अभियांत्रिकी दूरदर्शन केंद्र गोरखपुर विचार व्यक्त करत कहले कि हमरा आप सबके चिंता बा दूरदर्शन के ओर से सकारात्मक पहल होती रही ।कार्यक्रम में अन्य विशिष्ट अतिथि डॉक्टर ब्रजेंद्रनारायन कार्यक्रम प्रमुख दूरदर्शन केंद्र गोरखपुर अउरी आकाशवाणी गोरखपुर के प्रस्तुति सहायक मनीष तिवारी भी उपस्थित रहले। कलाकारन के तरफ से सम्बोधित करत मंच के संरक्षक अउरी उत्तर प्रदेश संगीत नाटक अकादमी के सदस्य श्री राकेश श्रीवास्तव जी कहा कि कलाकार कवनो भी स्थिति में आपन उपेक्षा बर्दाश्त ना करी,समस्या के समाधान ख़ातिर एक जुट होके आपन अहम भूमिका निभाई लोग । उक्त अवसर पर तीन वयोवृद्ध कलाकार जे आकाशवाणी के संगीत क्षेत्र में एगो पहचान दीहले वरिष्ठ लोकगायक श्री जगदीश त्रिपाठी ,तबला बादक श्री जुगुन शर्मा अउरी संगीत के समर्पित वरिष्ठ गायक श्री मछेन्द्रनाथ के कलाकार मंच के ओर से अंगवस्त्र अउरी माल्यर्पण कर अतिथि द्वारा सम्मानित कईल गईल। कार्यक्रम के शुभारंभ  गणेश वंदना से सारिका राय कइली,ततपश्चात श्याम  पिया मोरी रंग दे चुनरिया उमेश मिश्र ने प्रस्तुत कइले,प्रतिमा श्रीवास्तव, जलज उपाध्याय,जगदीश त्रिपाठी निर्गुण भजन अउरी मछेन्द्रनाथ ने होली उलारा प्रस्तुत कइले।कार्यक्रम के संयोजन कोषाध्यक्ष त्रिपुरारी मिश्र अउरी मंत्री सुधाकर सिन्हा कइले ।बांसुरी पर रानू जॉनसन, तबला पर गौरव मिश्र अउरी उत्तम मिश्र, ढोलक पर मो शकील,बेचन गौड़,ऑर्गन पर दीपक श्रीवास्तव अउरी केके सिंह, रविन्द्र, पैड पर राजेश गुप्त अउरी हारमोनियम पर अजय शर्मा संगत कइले ।पारम्परिक होली गीत के प्रस्तुति में श्रीमती प्रमिला दूबे, सुमन वर्मा,सारिका राय, अंजलि गुप्ता, बबिता शुक्ला, प्रतिमा श्रीवास्तव, सुनीता त्रिपाठी, शीला अग्रहरी,अमृता श्रीवास्तव, पूर्णिमा शर्मा,सुनिशा श्रीवास्तव,बृजबिहारी दूबे, विजयशंकर विश्वकर्मा, पीयूष सिंह अउरी चक्रधारी मिश्र ,कन्हैया श्रीवास्तव ,अमोल राव  शामिल रहले।कार्यक्रम के सफल संचालन लोक गायक प्रभाकर शुक्ल कइले।उक्क्त अवसर पर आईल अतिथियों के प्रति  मंच के अध्यक्ष सुप्रसिद्ध लोक गायक राकेश उपाध्याय जी आभार प्रकट कईनी ।

Post a Comment

0 Comments