विज्ञापन

बिहार शिक्षक बहाली के लेके शिक्षक अभ्यर्थिन के सोशल मीडिया (ट्विटर) पर फूटल आक्रोश, #bihar_needs_Teachers करत रहल ट्रेंड।



बिहार शिक्षक बहाली के लेके शिक्षक अभ्यर्थिन के सोशल मीडिया (ट्विटर) पर फूटल आक्रोश,  #bihar_needs_Teachers करत रहल ट्रेंड।

बिहार शिक्षक बहाली के लेके शिक्षक अभ्यर्थिन के सोशल मीडिया (ट्विटर) पर फूटल आक्रोश। (#bihar_needs_Teachers) हैशटैग  चलाके राखल लोग आपन मांग।


गौरतलब बा कि बिहार के विद्यालय में बहुत संख्या में शिक्षकन के पद खाली पड़ल बा जवना के आलोक में शिक्षक अभ्यर्थि लोग अउरी उनकर शुभचिंतक लोगन द्वारा ट्विटर पर एगो अभियान बिहार न्यूज़ टीचर के माध्यम से आपन आवाज बुलंद कइले। देखते ही देखत ई संपूर्ण भारत में ट्रेंड करे लागल।


STET committee बक्सर के जिला अध्यक्ष सुनील कुमार शर्मा कहले कि बिहार के विद्यालयन में शिक्षकन के भारी कमी बा लेकिन बिहार सरकार बहाली पर कुंडली मारके बइठल बिया। उ कहले कि हाईकोर्ट में लंबित मामला के सरकार ना करवावत बिया ना ही कवनो सुध लेतीया। सरकार बहाली के न्यायिक प्रक्रिया के नाम देके टाल रहल बिया।


बक्सर से अजित पांडेय के रिपोर्ट

Post a Comment

0 Comments