विज्ञापन

पर्दा पर के हीरो ,रियल लाइफ में हीरो बने के समय बा लोग नदारद। पढ़ी पूरा रिपोर्ट👇



पर्दा पर के हीरो ,रियल  लाइफ में हीरो बने के समय बा लोग नदारद, पढ़ी पूरा रिपोर्ट👇


भोजपुरि समाज से लाखन रुपिया के कमाई करे वाली भोजपुरी इंडस्ट्री के हीरो लोग त गायब बड़ले बा एह संकट के घड़ी में हीरोइन लोग भी कवनो कम नइखी उहो लोग एह संकट लोग के सहायता करेके नाम  पर बा लोग नदारद।

भोजपुरी फिल्मन अउरी एल्बम से करोड़न के कमाई करे वाला लोग भोजपुरिया समाज से बना लिहले बाड़े दूरी। वैश्विक महामारी कोरोना से पूरा देश जूझ रहल बा । संकट के एह घड़ी में बहुत सार लोग बहुत सारा संस्था के आगे आ के गरीब अउरी जरुरतमंदन के मदद कर रहल बाड़े। पर जवन  भोजपुरी समाज भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के फर्श से अर्श तक  पंहुचावल अउरी जवन कलाकार ,निर्माता अउरी निर्देशक के करोड़पति बनावलस उ आज  मदद त दूर उनकर एगो झलक ख़ातिर भी तरस रहल बाड़े। जवन चाहे वाला उनकरा लोगन के सब कुछ दिहले उ आज संकट के घड़ी में उनकरा से मदद के  उम्मीद पाले बइठल बाड़े।लेकिन ई सुपरस्टार अपना घरन में छुप के बइठल बा लोग। एहमे दिल्ली के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष अउरी  सांसद मनोज तिवारी , भोजपुरी फिल्मन के मेगास्टार अउरी गोरखपुर से सांसद रवि किशन समाचार पत्रों, न्यूज़ चैनलों के माध्यम से सोशल मीडिया के माध्यम से लोगन के मदद करत दिख भी रहल बाड़े बाकी सभ सुपरस्टार एह महासंकट में भोजपुरिया समाज के साथ खड़ा काहें नइखन लउकत ई बड़ सवाल उठत बा ?


हमनी के एहिजा बात करत बानी जा भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार्स अउरी ओह  निर्माता निर्देशक जिनकर आजिवीका के श्रोत  ही भोजपुरी समाज बा।उ भोजपुरी समाज जवन आज  भीषण महामारी के दौर से गुजर रहल बा। जवन दवा,भोजन आक्सीजन अउरी अन्य जरूरतन ख़ातिर संघर्ष कर रहल बा।ई ऊहे समाज ह जवन लोग अपना कमाई के एक हिस्सा एह  भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के देबेले। अइसन में का इंडस्ट्री अउरी ईहाँ  के लोगन के का ई फर्ज नइखे बनत  कि इनकर मदद ख़ातिर अपना घर के चहारदीवारीन से बाहर निकलसु लोग अउरी बेशर्मी के  पर्दा हटाके गरीब अउरी जरुरत मंद लोगन ख़ातिर आगे आवसु लोह।

रोजमर्जा  के जिन्दगी में लाखों खर्च करे वाला ई स्टार्स लोग अगर अपना कमाई के दशमलव में भी जरूरतमन्द ख़ातिर दिही लोग त ओकरा से कई घरन में मुस्कान बिखेरल जा सकेला ।

राउवो देखी अउरी हमनी के बताई कि का ई लोग कही सहायता कैम्प चाहे मदद कर रहल बा का, काहे की हमनी के तमाम जगह पता कइनी जा लेकिन कही पता ना लागल।

Post a Comment

0 Comments