विज्ञापन

अचीवर्स जंक्शन चैनल मनवलस पहिलका स्थापना दिवस


अचीवर्स जंक्शन चैनल  मनवलस पहिलका स्थापना दिवस


30 मई,2021 दुनिया के तमाम देशन अउरी क्षेत्रन के अचीवर्स के कहानी कहे खातिर लिए लोकप्रिय चैनल अचीवर्स जंक्शन ने आपन पहिलका  स्थापना दिवस समारोह सफलता पूर्वक मनलवस। 

अचीवर्स जंक्शन एगो अईसन चैनल है जवन दुनिया के बहुत सारा देशन में देखल जाला। कोरोना काल में कलाकारन के मंच देके अचीवर्स जंक्शन  उ लोगन के सकारात्मकता देले बिया। चैनल कला,संस्कृति, साहित्य, स्वास्थ्य, चिकित्सा, लोक साहित्य अउरी ज्योतिष पे एक दर्जन से अधिक कार्यक्रम लगातार दिखावल जाता। एक वर्ष पूरा होखला पे आज  कार्यक्रम रखल गईल। कार्यक्रम तीन चरण में सम्पन्न भइल। 

पहिला चरण कवि सम्मेलन भईल एकरा में देश के सुप्रसिद्ध रचनाकार काव्य पाठ करके मनमुग्ध कर दिहले। बिहार के प्रसिद्ध कवि सुभाष यादव के सरस्वती वंदना से प्रारम्भ भइल कार्यक्रम में कवयित्री इन्दु शर्मा, संन्ध्या सिन्हा, ब्रजभूषण मिश्र,मनोज कुमार मनोज अउरी सुप्रसिद्ध गजलकार डा साकेत रंजन प्रवीर ने काव्य पाठ कईले। 


दूसरका  सत्र गायक अउरी गायिका के नाम रहल। एकरा में भोजपुरी लोक गायिका देवी  एक से बढकर एक गीत सुनइली। लोकगीतन अउरी संस्कार गीतन के मर्मज्ञ गायक राकेश श्रीवास्तव  त लोकगीतन के साथे कोरोना भागवे के खातिर भी गीत गइले। ए क्रम में बंगाल के बाउल गायकी के मंच पे लावे  वाला शंभूनाथ सरकार के भी खूब सराहना भइल । एकरा अतिरिक्त सुप्रसिद्ध गायिका आर्या नंदनी अउरी दुबे सिस्टर्स के नाम से देश दुनिया में प्रसिद्ध शालिनी दुबे अउरी श्रेया दुबे आपन गायकी के जलवा बिखेरली। 

एकरा अलावा एगो वैश्विक कार्यक्रम भी कईल गईल।जवना में कोरोना काल में  भारत के छवि के बिगाड़े के मुदा  पे अमेरिका, इंग्लैंड अउरी भारत के विद्वान चर्चा कइले।  

कार्यक्रम के संचालन अंतर्राष्ट्रीय गीतकार मनोज कुमार मनोज जी कइले अउरी संपूर्ण कार्यक्रम के अध्यक्षता बरमिग्घम यूके में रहे वाला प्रसिद्ध कवि अउरी चिकित्सक कृष्ण कन्हैया जी  कइले। 

कार्यक्रम में डा. प्रणव रंजन, टीवी कलाकार रीना रानी, बंगलूरू से कवि राकेश कुमार, अरुण तिवारी, अंशु दीक्षांत अउरी हिमांशु सिंह  भाग लेके कार्यक्रम के सफल बनवले।

ए अवसर पे अचीवर्स जंक्शन के निदेशक मनोज भावुक कहले कि "पूरा दुनिया में अचीवर्स जवना के स्नेह, सम्मान और सहयोग के भावना के साथे जुड़ल बा ।हमार इरादा बुलंद भईल बा  अउरी इ भरोसा जागल बा कि अचीवर्स जंक्शन के अचीवर्स के अनिवार्य अउरी सम्मानित अड्डा बना दिहल  जाए।"

Post a Comment

0 Comments