विज्ञापन

सारण : चोर दिहले नयागांव क्षेत्र के कई गो जगहन पर चोरी के अंजाम, लखन रुपया अउरी गहना के लेके भइले स फरार।


सारण : चोर दिहले नयागांव क्षेत्र के कई गो जगहन पर चोरी के अंजाम, लखन रुपया अउरी गहना के लेके भइले स फरार।

 नयागांव। छपरा हाजीपुर मुख्य मार्ग एनएच 19 स्थित भरपुरा में चोर घर सह दुकान में चोरी के घटना के अंजाम देके 1 लाख 14000 नगद अउरी लगभग 3 लाख रुपय के जेवर के चोरी कर लीहले सन। एह संबंध में भरपुरा के दिनेश सिंह अउरी उक्त मकान के एगो किराएदार वैशाली जिला राजापाकर के सुनील कुमार ईश्वर संयुक्त रूप से एगो प्राथमिकी दर्ज करावल। एह संबंध में उक्त मकान मालिक दिनेश सिंह बतवले कि चोर  चोरी के घटना के अंजाम देके घर में रखल माई का ₹80000 नगद अउरी सोना के चैन की चोरी कर लीहले सन। ओहिजे दूसरका ओर घर के नीचे स्थित ट्रैक्टर पार्ट्स के गोविंद चक शंभू शरण सिंह के दुकान से गल्ला तूड़के चोर 24000 नगद चुरा लिहले। इहे नहीं चोर किराएदार सुनील कुमार ईश्वर अउरी उनकनरा पत्नी बाकरपुर में पदस्थापित शिक्षिका कल्पना कुमारी के रूम से सोना के चेन, चांदी के पायल, अंगूठी, कान का झुमका आदि के चोरी कर लीहले सन। एह दौरान चोर एगो दंपति के ईहां से 10000 नगद भी चुरा लिहले। घटना की सूचना पाकर पुलिस मौका पर पहुंचके घटनास्थल के मुआयना कइके आगे के विधिक करवाई करत बिया।

Post a Comment

0 Comments