विज्ञापन

बलिया : त्रिस्तरीय ग्राम पंचायत सदस्य के रिक्त पदन पर अतवार के नामांकन जिला के ब्लाकन पर भइल, देखी रिपोर्ट।



बलिया : त्रिस्तरीय ग्राम पंचायत सदस्य के रिक्त पदन पर अतवार के नामांकन जिला के ब्लाकन पर भइल, देखी रिपोर्ट।

त्रिस्तरीय ग्राम पंचायत सदस्य के रिक्त पदन पर अतवार के नामांकन जिला के ब्लाकन पर भइल। एकरा के लेके पूरा दिन गहमागहमी के माहौल बनल रहल। सोमार के प्रत्याशिन के चुनाव चिह्न के आवंटन कईल जाई।

एहि क्रम में बैरिया विकास खंड के विभिन्न ग्राम पचांयतन ख़ातिर पंचायत सदस्य के 122 पद ख़ातिर 139 नामांकन फार्म भरल गईल।

एहितरी विकास खण्ड मुरली छपरा में 19 ग्राम पंचायतन में रिक्त 90 ग्राम पंचायत सदस्यन के कमी के कारण शपथ ना ले पइले रहले। ओहमें कुल 115 प्रत्याशि आपन नामांकन पत्र दाखिल कइले।

Post a Comment

0 Comments