विज्ञापन

सारण : डोरीगंज मे बालु माफियन पर बड़ कार्यवाई , 21 बालु लदल ट्रक भइल जब्त।



सारण : डोरीगंज मे बालु माफियन पर बड़ कार्यवाई, 21 बालु लदल ट्रक भइल जब्त।

स्थानीय थाना क्षेत्र के गरखा चिरांद रोड मे जिला के वरिय पदाधिकारिन के नेतृत्व मे कईल गईल छापेमारी मे 21 ट्रक के जब्त कईल गईल।

जिला खनन पदाधिकारी मधुसूदन चतुर्वेदी जी बतावनी कि सदर डीएसपी मुनेश्वर प्रसाद सिंह, मोटरयान निरिक्षक संतोष कुमार सिंह,  सदर सीओ सतेन्द्र सिंह, मुफ्फसील थानाध्यक्ष डी एन सिंह, डोरीगंज थानाध्यक्ष विरेन्द्र राम के उपस्थिति मे कईल गईल छापेमारी मे अवैध रुप से बालु ले जा रहल 21 ट्रकन के जब्त कईल गईल जवना से 18 लाख 62 हजार रुपया जुर्माने के राशि वसुली कइल गईल।

प्रशासन के कार्यवाई के बालु माफियन पर कवनो असर नइखे, सभ घाटन पर अवैध बालु भंडारण के लागल अंबार।

अवतार नगर अउरी डोरीगंज थाना अंतर्गत आवे वाला सभ घाटन पर अवैध बालु भंडारण के काम बदस्तुर जारी बा।प्रशासन के कार्यवाई के कवनो असर नईखे लउकत।

गंगा नदी के सभ घाटन पर अइसन कवनो जगह नइखे बाचल जहाँ बालु भंडारण नइखे भइल चाहे खेत होखे बगीचा होखे ।

बालु माफिया लोग बांसवाड़ी तक के नइखे बख्सले। बांसवाड़ी  मे भी बालु रखल गईल बा।

स्थानीय लोग के काफी परेशानी हो रहल बा । लोगन के फसल बर्बाद हो रहल बा , बगीचा बर्बाद हो रहल बा । लोगन के उड़ रहल धुल से भी काफी परेशानी के सामना करेके पड़ता ।

कुछ दिन पहिले जिला प्रशासन द्वारा घाटन पर कईल गईल कारवाई से कुछ दिन तक बालु माफियन पर लगाम लागल रहे लेकिन फिर कारोबार बदस्तुर जारी बा ।

Post a Comment

0 Comments