विज्ञापन

छपरा में अलग-अलग हादसा में दुगो बच्चन के मौत।



छपरा में अलग-अलग हादसा में दुगो बच्चन के मौत।

पानापुर थाना क्षेत्र के धोबवल में जेसीबी द्वारा खोदल गईल गड्ढा में पानी भरला से डूबल 5 वर्षीय बालक के मौत।

छपरा : सारण जिला के अलग-अलग थाना क्षेत्रन में भइल हादसा में दु बच्चन के मौत हो गईल। जिला के पानापुर थाना क्षेत्र के धोबवल में जेसीबी द्वारा खोदल गईल गड्ढा में पानी भरला के कारण डूबला से 5 वर्षीय बालक के मौत हो गईल। प्राप्त जानकारी के अनुसार धोबवल निवासी अमित गिरि के इकलौता पुत्र रुद्र कुमार घर दरवाजा पर खेलत रहले खेलत-खेलत उ पानी भरल गड्ढा में गिर गइले जबना से उनकर मौत हो गईल। कुछ देर बाद जब परिजन बच्चा के ढूंढे लगले तब उनकर शव गड़हा से बरामद भइल। एह अनहोनी से पूरा गांव के माहौल गमगीन हो गईल बा। 

हीं 

ओहिजे दूसरका घटना कोपा थाना क्षेत्र के चैनपुर गांव में घटल, जहां सर्पदंश से एगो बच्चा के मौत हो गईल। मृत बच्चा कोपा थाना क्षेत्र के चैनपुर गांव निवासी मनोज भारती के 9 वर्षीय पुत्र शिवम कुमार बतावल जा तारे। घटना के संबंध में बतावल जाता  कि शिवम घर के समीप खेलत रहले तबे उनकरा के कवनो विषैला सर्प ने डस लिहलस। जवना के बाद उनकरा के आननफानन में छपरा सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनकर मौत हो गईल। उनकरा मौत के सूचना के बाद परिजनन में कोहराम मच गईल। ओहिजे भगवान बाजार थाना पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ख़ातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहलस। जहां शव के पोस्टमार्टम करावला के बाद उनकरा के परिजनन के सौंप दियाईल।

Post a Comment

0 Comments