विज्ञापन

सारण : अवतार नगर मे 15 कट्ठा खेत मे लागल कुनड़ी के फसल के असामाजिक तत्व काटिके कइले बर्बाद।



सारण : अवतार नगर मे 15 कट्ठा खेत मे लागल कुनड़ी के फसल के असामाजिक तत्व काटिके कइले बर्बाद।

अवतार नगर थाना क्षेत्र के चैनपुरवां गाँव मे  एगो किसान के 15 कट्ठा खेत मे लागल कुनड़ी के फसल के अज्ञात असामाजिक तत्व द्वारा काटीके बर्बाद कई देबे के मामला सामने आईल बा ।

इस संबंध मे चैनपुरवां गाँव निवासी किसान मुन्द्रिका शर्मा स्थानीय थाना मे एगो आवेदन दिहले जवना मे कहल गईल कि हम अपना घर के बगल के खेत मे 15 कट्ठा कुनड़ी के पौधा लगावले रहनी । रोज के तरह जब अपना खेत मे गईनी त देखनी कि हमार सभ फसल के अज्ञात लोगन द्वारा काटिके बर्बाद कई दियाईल बा साथ ही बगल के खेत मे लागल 15 -20 केरा के घवद भी काट लिहल गईल बा।

Post a Comment

0 Comments