विज्ञापन

सारण : छपरा-सिवान रोड पर भइल एक्सीडेंट, ट्रक चालक अउरी परिचालक दुनो गंभीर रूप से घायल।


सारण : छपरा-सिवान रोड पर भइल एक्सीडेंट, ट्रक चालक अउरी परिचालक दुनो गंभीर रूप से घायल।

जिला के छपरा-सिवान मुख्य मार्ग पर दाउदपुर थाना अंतर्गत बनवार ढाला के समीप भइल सड़क हादसा में गैस सिलेंडर से लदल ट्रक चालक अउरी खलासी दुनों गंभीर रूप से घायल हो गइले। जवना के बाद चौकीदार के द्वारा गंभीर रूप से घायल चालक अउरी खलासी दुनों के स्थानीय स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गईल, जहां उनकर गंभीर स्थिति के देखत  प्राथमिक उपचार के बाद दुनों के छपरा सदर अस्पताल रेफर कईल गईल। जहां गंभीर रूप से घायल ट्रक चालक के पहचान हाजीपुर जिला निवासी राजेश्वर राय के 40 वर्षीय पुत्र रंजीत कुमार राय के रूप में कईल गईल। जबकि खलासी के पहचान ना हो सकल। समाचार लिखल जाए तक दुनों के अचेत होखला के कारण एह मामला में विस्तृत जानकारी प्राप्त ना हो सकल।घटना के संबंध में बतावल जाता कि दुनों ट्रक से इंडेन गैस सिलेंडर लेके सप्लाई देबे ख़ातिर पटना से सिवान जात रहल लोग। एहि बीच दाउदपुर थाना अंतर्गत बनवार ढाला के समीप चालक के नियंत्रण खो देला के कारण उक्त ट्रक आगे जा रहल ट्रक से टकरा गईल। टक्कर अतना जोरदार रहल कि ओह ट्रक के आगे के केबिन क्षतिग्रस्त हो गईल अउरी चालक के साथ उपचालक दुनों ट्रक के केबिन में ही फंस गईल। जवना के बाद आगे जा रहल ट्रक दुर्घटना के बाद गति बढ़ाके निकल गईल। ओहिजे  स्थानीय लोगन की सूचना के बाद मौका पर पहुंचल पुलिस चौकीदार के माध्यम से दुनों के स्वास्थ्य केंद्र पहुंचावलस जहां से उनकरा के बेहतर चिकित्सा ख़ातिर छपरा सदर अस्पताल रेफर कईल गईल। फिलहाल दुनों के स्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा।

Post a Comment

0 Comments