विज्ञापन

सारण : खैरा थाना पुलिस जप्त कइलस लाखन के अंग्रेजी शराब।

सारण : खैरा थाना पुलिस जप्त कइलस लाखन के अंग्रेजी शराब।

जिला के खैरा थाना क्षेत्र के साहिमपुर गाँव में गुप्त सूचना के आधार पर खैरा थाना पुलिस द्वारा कईल गईल छापेमारी में करीब तीन लाख के अंग्रेजी शराब जप्त कईल गईल।उक्त घर सूरज राउत के पुत्र मकर राउत के बतावल जाता ।मिलल सूचनानुसार खैरा थाना पुलिस के गुप्त रूप से सूचना प्राप्त भइल कि साहीमपुर गांव के एगो घर में अंग्रेजी शराब के बिक्री होता ।जवना में त्वरित कार्रवाई करत थानाध्यक्ष विकास कुमार सिंह के साथ टीम में परवेज आलम,जवान राजेन्द्र कुमार सिंह, सुमन्त कुमार ,रोहित कुमार सहित बीएचजी सहित अन्य पुलिस कर्मिन के टीम गठित कई छापेमारी कइलस त उक्त घर से एगो ट्रंक (बड़ा साइज स्टील के बक्सा) में अंग्रेजी शराब छुपा के रखल गईल रहे।पुलिस टीम के पहुंचते घर के लोग आपन घर छोड़के फरार हो गइले अउरी पुलिस टीम द्वारा ट्रंक के चेक कईल गईल त ओहमें शराब मिलल ।एकरा बाद बक्सा के उठा के खैरा थाना लेआवल गईल।कुल जप्त शराब विभिन्न ब्रांड के रॉयल स्टेज प्रीमियर विस्की 375 एमएल का 138 पीस,180 एमएल 34 पीस ,750 एमएल 13 पीस , मैक्डॉलस नम्बर वन विस्की 750 एमएल 10 पीस , 375 एमएल 3 पीस, इम्पीरियल ब्लू विस्की 375 एमएल 37 पीस , ब्लेंडर प्राइड 750 एम एल 3 पीस  , बंटी बोधका 180 एमएल 37 पीस , 8पीएम फ्रूटी 180 एमएल 655 पीस कुल मिलाके विभिन्न कम्पनिन के 216 लीटर अंग्रेजी शराब बरामद कईल गईल।ओहिजे एह सबंध में खैरा थानाध्ययक्ष विकास कुमार सिंह जी बताबनी की गुप्त सूचना के आधार पर घर मे छापेमारी कईल गईल जवना मे विभिन्न ब्रांड के 933 बोतल अंग्ररेजी शराब मिलल बा जवन कि कुल 216 लीटर से अधिक अंग्रेजी शराब बा साथ ही आगे की करवाई कइल जाता।

Post a Comment

0 Comments