विज्ञापन

यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव अपडेट : 22 जिलन में निर्विरोध चुनल गइले जि०प० अध्यक्ष, देखी लिस्ट।



यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव अपडेट : 22 जिलन में निर्विरोध चुनल गइले जि०प० अध्यक्ष, देखी लिस्ट।

उत्तर प्रदेश में 22 जिलन में जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में 22 उम्मीदवार निर्विरोध निर्वाचित भइले। एहमे 21 उम्मीदवार भाजपा के बाड़े अउरी एगो सपा के। अब सिर्फ 53 जिलन में 3 जुलाई के सुबह 11 बजे दोहपर 3 बजे तक होइ चुनाव अउरी 3 बजे के बाद शुरू होइ मतगणना। अब चुनाव में तय होई बाकी जीलन के  जिला पंचायत अध्यक्ष। एह चुनाव में सपा-भाजपा आमने-सामने बा लोग।

जवना जीलन में निर्विरोध जिला पंचायत अध्यक्ष निर्वाचित भइल बा लोग ओहमें सहारनपुर, बहराइच, इटावा, चित्रकूट, आगरा, गौतम बुद्ध नगर, मेरठ, ग़ाज़ियाबाद, बुलंदशहर, अमरोहा, मुरादाबाद, ललितपुर, झांसी, बाँदा, श्रावस्ती, बलरामपुर, गोंडा, गोरखपुर, मऊ, वाराणसी, पीलीभीत अउरी शाहजहांपुर जिला बाटे।

Post a Comment

0 Comments