विज्ञापन

महाराजगंज : 2022 में भाजपा के झूठ अउरी फरेब से लड़ेके बा चुनाव : पूर्व विधायक विनोद मणि।

महाराजगंज : 2022 में भाजपा के झूठ अउरी फरेब से लड़ेके बा चुनाव : पूर्व विधायक विनोद मणि।

रिपोर्ट : अभिषेक अग्रहरि

जिला के बहादुरी बाजार में सेक्टर व बूथ प्रमुखों के संबोधित करत पूर्व विधायक विनोद मणि कहले कि सपा के भाजपा के झूठ व फरेब से 2022 में लड़ेके बा।कहले कि देश में चर्चा बा कि भाजपा विपक्षी पार्टियों, लोकतांत्रिक संस्था के नष्ट अउरी प्रभाव में लेबे ख़ातिर इजरायल के पेगासास सॉफ्टवेयर के प्रयोग जासूसी करे ख़ातिर कर रहल बिया। अइसना में ही एक बार अमेरिकी  राष्ट्रपति निक्सन विपक्षी पार्टि के चुनाव घोषणा पत्र के आईटी तकनीकी से हैक करावले रहले । जवना के वॉटर गेट कांड कहल जाला।जांच के उपरांत आरोप सिद्ध होखला पर निक्सन के त्यागपत्र देबे पड़ल। एह बईठक के पूर्व चेयरमैन जयप्रकाश लाल ,पूर्व जिला पंचायत सदस्य डॉ. राम नारायण चौरसिया, गौरी शंकर मालवीय संबोधित कइल लोग।

Post a Comment

0 Comments