विज्ञापन

आ गईल ब्लॉक प्रमुख अउरी BDC के शपथ ग्रहण के तारीख जानी कहिया।



आ गईल ब्लॉक प्रमुख अउरी BDC के शपथ ग्रहण के तारीख जानी कहिया।

बलिया : नवनिर्वाचित ब्लाक प्रमुख अउरी क्षेत्र पंचायत सदस्यन के शपथ ग्रहण समारोह 20 जुलाई के होइ। सुबह 11 बजे अउरी दोपहरिया दु बजे के समय पंचायती राज विभाग  निर्धारित कइले बा। शपथ ग्रहण कइला के बाद ओहि दिन क्षेत्र पंचायत के पहीलका बईठक भी होई। जिला में एकर तैयारी शुरू हो गईल बा। 17 विकास खंडन में शपथ दिलावे ख़ातिर जरूरी व्यवस्था कईल जा रहल बा। ब्लाकन के साफ-सफाई अउरी रंगाई-पोताई के काम चल रहल बा। अपर जिला पंचायत राज अधिकारी गुलाब सिंह जी बतावनी कि नवनिर्वाचित ब्लाक प्रमुख के क्षेत्रीय परगना अधिकारी चाहें जिलाधिकारी के ओर से नियुक्त अधिकारी शपथ दिलाइहे। प्रमुख पद के शपथ लेबे के बाद सभ क्षेत्र पंचायत सदस्यन के शपथ दिलावल जाई। शपथ के प्रोफार्मा सभ विकास खंडन पर भेज दिआईल बा।

Post a Comment

0 Comments